बितल तीन हप्ता के बाद नारायणी अस्पताल मे पीसीआर मेसिन से चेकजाँच सुरु

वीरगंज २३ बैशाख,

वीरगंज के नारायणी अस्पताल मे कोरोना भाइरस (कोभिड १९) के पीसीआर परीक्षण आजु से औपचारिक रुपमे सुरु भईल बा ।

सरकार वीरगंज के नारायणी अस्पताल मे पठावल पीसीआर मेसिन तीन हप्ता के बाद मात्र सञ्चालन मे आईल बा ।

प्रदेश सरकार के निहोरा मे राष्ट्रिय जनस्वास्थ्य प्रयोगशाला मे प्रयोग मे रहल पीसीआर मेसिन बैशाख ३ गते हि नारायणी अस्पताल मे पठावल गईल रहे ।

पत्रकार सम्मेलन के आयोजना करके नारायणी अस्पताल के मेडिकल सुपरीटेन्डेन्ट डा. मदन उपाध्याय लम्हर समय के प्रतिक्षा के अन्त्य भईल बतवनी ।

“आजु से पीसीआर सेवा सुरु कईल बा, १६ गो थ्रोट स्वाब के नमुना परीक्षण के क्रम मे बा ।
उहे नमुना भेरिफिकेसन के खातिर स्वाब टेकु भी पठावल गईल बा ।

दुनु ओरी के रिपोर्ट तुलना कईल जाई,” कहत उ, “ल्याब सञ्चालन के बाद पीसीआर जाँच के खातिर रुकेके अवस्था अन्त्य होखी ।”

राष्ट्रिय प्रयोगशाला के माइक्रोबायोलोजिस्ट आ भाइरोलोजिस्ट पीसीआर परीक्षण के खातिर अस्पताल के चार जने प्राविधिक के एक हप्ता से तालिम देहल जा रहल बा ।

मेसिन बाहेक ५० लाख से बेसी सहायक सामान किनल मेसु उपाध्याय बतवनी ।

“मेसिन अइला के बाद ५० लाख से बेसी के सहायक सामान टेन्डरमार्फत खरिद कईल गईल बा, प्रदेश सरकार से माग कईल बा । सकारात्मक आश्वासन मिलल बा,” कहके बतवनी ।

पीसीआर मेसिन से दैनिक अधिकतम ७० गो स्वाब के परीक्षण करे सकेके डा. उपाध्याय जानकारी देहनी ।

थ्रोट स्वाब संकलन के बाद परीक्षण परीक्षण करके रिपोर्ट आवेमे ५ से ६ घण्टा समय लागी । दैनिक दु सिफट मे ७२ गो सेम्पल जाँच करेके तइयारी कईल अस्पताल जनवले बा ।

अस्पताल मे अभी २ सय ५० थान रिएजेन्ट रहल आ आउर माग कईल कल्सल्टेन्ट प्याथोलोजिष्ट डा. नीरा पाठक बतवनी ।

एकरा से पहिले थ्रोट स्वाब के नमुना संकलन कईला के बाद पिसिआर परीक्षण के खातिर हेटौंडा स्थित प्रादेशिक प्रयोगशाला आ काठमाण्डु के टेकुस्थित शुक्रराज ट्रपिकल तथा सरूवा रोग अस्पताल पठावे के बाध्यता रहे ।

ई समय मे ८ सय से बेसी थ्रोट स्वाब संकलन करके पीसीआर परीक्षण भइल डा. उदय नारायण सिंह बतवनी ।

नारायणी अस्पताल मे २०७६ चईत ६ गते से आइसोलेसन सेवा सुचारु कईले बा । अस्पताल मे अभी तक पर्सा, बारा, रौतहट आ सर्लाही के ११ जने संक्रमित ईलाज करा रहल बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।