पर्सा के पोखरीया न.पा के सभाहल मे आगलागी

वीरगंज २४ बैशाख,

पर्सा के पोखरीया नगरपालिका कार्यालय मे आगलागी भईल बा ।

बुध के दिने दुपहरिया १२ बजे के समय मे कार्यालय के सभाहल मे आगलागी भईल बा । आलागी से करिब १० लाख मूल्य बराबर के नोक्सानी भईल नगरपालिका जनवले बा ।

सभाहल मे राखल ब्याट्री सर्ट होके आगलागी भईल हो सकेके उपप्रमुख सलमा खातुन बतवले बानी । न

के दमकल के सहायता से स्थानीय आ सुरक्षाकर्मी मिल के आगलागी नियन्त्रण मे लेहल खातुन बतवनी । वीरगंज महानगरपालिका कार्यालय से दमकल गईल रहे ।

माकिर आगी नियन्त्रण मे अईला से बीच रास्ता से दम्कल फिर्ता कईल पुलीस जनवले बा ।

खातुन कहनी “मिटिङ हल मे सोलार सिस्टम जोडेके समय मे ८ थान ब्याट्री राखल रहे, उहे ब्याट्री सर्ट होके आगलागी भईल हो सकता ।

समय मे आगलागी नियन्त्रण मे अईला से आउर नोक्सानी होखे ना सकल,” कहत खातुन, “ब्याट्री ८ थान, इन्भर्टर, एसी मे नोक्सानी पुगल बा । झाल के सिसासब भी फुटल बा ।”

क्षति के यकिन विवरण संकलन हो रहल इलाका प्रहरी कार्यालय पोखरीया के प्रहरी निरीक्षक चन्द्र सिंह जानकारी देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।