कपिलवस्तु के दु जने मे कोरोना पुष्टि : संक्रमित के संख्या १०१ पुगल

काठमाण्डु २५ वैशाख

आजु कपिलवस्तु के दु जने मे कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) पुष्टि भईल बा ।

राष्ट्रिय जनस्वास्थ्य प्रयोगशाला, टेकु मे कईल परीक्षण मे १६ आ २२ बरीस के पुरुष मे कोरोना पोजिटिभ देखल गईल बा ।

स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रालय के सहप्रवक्ता डा. समीरकुमार अधिकारी के मुताविक एकरा सँगे संक्रमित के संख्या १०१ पुगल बा ।

नेपाल मे अभी तक ६८ हजार ६०२ नमूना परीक्षण भईल बा ।

जईमेसे आरडीटी ५४ हजार ९३ आ पीसीआर प्रविधि से १४ हजार ५०९ नमूना परीक्षण भईल स्वास्थ्य मन्त्रालय के प्रवक्ता डा. विकास देवकोटा नियमित पत्रकार सम्मेलन मे जानकारी देहनी ।

बितल २४ घन्टा मे १ हजार ४५१ नयाँ नमूना परीक्षण भईल बा । एहितरे सात गो प्रदेश मे आरडीटी परीक्षण हो रहल बा ।

जउना मेसे प्रदेश १ मे ६ हजार ५५९, प्रदेश २ मे ५ हजार ३४८, बागमती प्रदेश मे ९ हजार ०४४, गण्डकी मे ६ हजार ३४९, प्रदेश ५ मे ५ हजार ७१३ प्रदेश कर्णाली मे ६ हजार ६०८ आ सुदूरपश्चिम प्रदेश मे १४ हजार ४७२ करके जम्मा ५४ हजार ९३ गो परीक्षण भईल बा ।

एहितरे क्वारेन्टाइन मे रहेवाला के संख्या १७ हजार ३७२ पुगल बा । जउना मेसे प्रदेश १ मे १ हजार ९१५, प्रदेश २ मे १ हजार २९०, बागमती प्रदेश मे २६१, गण्डकी मे ५२८, प्रदेश ५ मे ६ हजार ८१२, प्रदेश कर्णाली मे ३ हजार ८९ आ सुदूरपश्चिम प्रदेश मे ३ हजार ४७७ कुल १७ हजार ३७२ परीक्षण भईल बा ।
रेड जोन मे ३३५ जने पुगल बाडन ।

एहितरे आइसोलेसन मे १३३ जने बाडन जउना मे उपत्यका भितर ३ आ उपत्यका बाहर १३० जने बाडन ।

नेपाल मे अभी तक संक्रमित के संख्या १०१ पुगल बा ।

जउना मेसे ७३ जने पुरुष आ २८ जने जनानी रहल बाडि । उलोग के स्वास्थ्य अवस्था सामान्य रहल मन्त्रालय जनवले बा ।

संक्रमित मेसे २२ जने ठिक भईल बाडन । जउना मेसे तीन जने के स्वाब परीक्षण रिपोर्ट पोजिटिभ देखल गईला के बाद फेनु अस्पताल भर्ना कईल बा ।

काठमाण्डु मे ईलाज करावल एक आ वीरगंज मे ईलाज करावल दु जने के स्वाब परीक्षण के रिपोर्ट फेनु पोजिटिभ देखल गईल बा । देवकोटा के मुताविक उलोग के फेनु अस्पताल भर्ना कईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।