सेभ द चिल्ड्रेन बुझवलख प्रदेश २ सरकार के २६३ थान पीपीई

जनकपुरधाम २६ वैशाख
कोरोना भाइरस (कोभिड १९) महामारीविरुद्व लडे खातिर प्रदेश २ सरकार के २ सय ६३ थान पर्सनल प्रोटेक्टिभ इक्विपमेन्ट (पीपीई) प्रदान कईल बा ।
शुक के दिने सेभ द चिल्ड्रेन पीपीई प्रदेश सरकार के बुझवले बा ।
सामाजिक विकास मन्त्री नवलकिशोर साह के उ सामान प्रदान कईल सेभ द चिल्ड्रेन के पूर्वाञ्चल फिल्ड कार्यालय के सहनिर्देशक डा. अजयकान्त झा बतवनी ।
सेभ द चिल्ड्रेन से उपलब्ध करावल स्वास्थ्य सामान से कोरोना महामारीविरुद्व लडेमे सहजोग पुगेके सामाजिक विकास मन्त्री साह बतवनी ।





