पत्रकारलोग के पीसीआर परीक्षण के व्यवस्था मिलावे खातिर सरकार से मधेसी पत्रकार समाज पर्सा के माग

वीरगंज ३० बैशाख,

कोरोना संक्रमण से बहुते प्रभावित जिल्ला मे फिल्ड मे खट रहल पत्रकारलोग के खातिर तत्काल पीसीआर प्रविधि से स्वास्थ्य परीक्षण करेके व्यवस्था मिलावे के साथे जरुरी सुरक्षा सामान के व्यवस्था मिलावे खातिर संघिय सरकार से मधेशी पत्रकार समाज नेपाल वीरगंज पर्सा शाखा माग कईले बा ।

मधेसी पत्रकार समाज पर्सा के अध्यक्ष श्रवण प्रसाद साह आजु एगो विज्ञप्ति जारी करत कोभिड–१९ के उच्च जोखिम के बीच नागरिक के सुसूचित आ सचेत करावे के जिम्मेवारी वहन कररहल सञ्चार क्षेत्र भी ई समय कोरोना भाईरस से प्रभावित भईल खबर मिलला क बाद मधेशी पत्रकार समाज नेपाल वीरगंज पर्सा शाखा दुःखी आ चिन्तित भईल विज्ञप्ति मे जनावल गईल बा ।

पर्सा जिल्ला के वीरगंज मे २ जने पत्रकार संक्रमित भईला के चलते आउर पत्रकार के स्वास्थ्य परिक्षण के व्यवस्था मिलावे के माग कईल बा ।

ई संवेदनशील घडी मे सिमित स्रोत साधन आ अनेकन कठिनाई के बावजूद कार्यस्थल मे खट के पेशागत धर्म निर्वाह कर रहल पत्रकारलोग आउर बसी गम्भिर आ सचेत भईल जरुरी रहल विज्ञप्ति मे उल्लेख बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।