पर्सा मे कोरोना संक्रमित भागला पर गोली मारेके निर्णय फिर्ता

वीरगंज ०२ जेठ,
कोरोना संक्रमित आदमी भागला पर पुलीस प्रशासन से गोली चलावे के निर्णय जिल्ला प्रशासन कार्यालय, पर्सा फिर्ता लेहले बा ।
पर्सा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी विष्णुकुमार कार्की के अध्यक्षता मे शुक के दिने सबेरे बईठल संकट व्यवस्था समिति बईठक से कोरोना संक्रमित भागला पर पुलीस गोली चलावे सकेके निर्णय कईले रहे ।
प्रशासन के निर्णय के मानव अधिकारवादी संस्था से विरोध भईला के बाद कुछ घन्टा मे संशोधन कईल बा ।
पर्सा के सहायक प्रमुख जिल्ला अधिकारी ललितकुमार बस्नेत कहनी कि, “एके बेर गोली चलावे के कहला पर सर्वसाधारण मे दोसर अर्थ लागल, ओहिसे हमनी स्थानीय प्रशासन ऐन मुताविक कडा कारबाही करेके कहले बानी ।”
स्रोत के मुताविक पर्सा प्रशासन के निर्णय के लेके मानवअधिकारकर्मीलोग भी आपत्ति जनवले रहलन । ओहिसे प्रशासन निर्णय सँचियवले बा ।
पर्सा के एक अधिकारी कहनी, “कुछो भईला पर भी हमनी ई जनता के खातिर कईल निर्णय रहे ।” संशोधित निर्णय मुताविक जरुरत मुताविक बल प्रयोग करेके मात्र कहल बा ।
अईसन रहे पहिले के निर्णय
पर्सा जिल्ला के अस्पताल मे ईलाज करा रहल कोरोना के संक्रमित भागला पर भा भागेके खोजला पर सुरक्षाकर्मी गोली भी मारे सकेके निर्णय स्थानीय प्रशासन कईले बा ।
वीरगंज के नारायणी अस्पताल के आइसोलेसन मे भर्ना भईल २ संक्रमित बितल बुध के दिने भागला के बाद बियफे के दिने प्रमुख जिल्ला अधिकारी विष्णु कुमार कार्की के अध्यक्षता मे बईठल जिल्ला संकट व्यवस्थापन केन्द्र के बईठक से अईसन निर्णय र्कले बा ।
नारायणी अस्पताल के आइसोलेसन मे भर्ना कईल दु संक्रमित बितल बुध के दिने आइसोलेसन वार्ड के शौचालय से कुद के भागल रहलन ।
उ दुनु के पुलीस ७ घण्टा के बाद नियन्त्रण मे लेके बुध के दिने रात मे हि फेनु आइसोलेसन मे रखले बा ।
आके आइसोलेसन वार्ड मे भर्ना कईल संक्रमित भा क्वारेन्टाइन मे राखल शंकास्पद आदमी भागला पर नियन्त्रण मे लेवे खातिर पुलीस जरुरत मुताविक सामान्य बल प्रयोग करेके भा ओतना भईला पर भी नियन्त्रण मे ना अईला के बाद गोली भी चलावे सकेके निर्णय भईल सहायक प्रमुख जिल्ला अधिकारी ललीत बस्नेत बतवनी ।
संक्रमण पुष्टि भइल संक्रमित अस्पताल से भाग के परिवार भा समुदाय मे गईला पर ओकरा से आउर संक्रमण फईलेके आ समाज के हि ध्वस्त करेवाला भईला से अईसन निर्णय कईल उनकर कहनाम बा ।
बुध के दिने दु संक्रमित भागल घटना के समिक्षा के बाद अब आवेवाला दिन मे केहु भी संक्रमित अस्पताल से ना भागस कहके मनोवैज्ञानिक त्रास होखो कहे खातिर मात्र ई निर्णय करेके पडल उ बतवनी ।
पर्सा के प्रहरी उपरिक्षक गंगा पन्त भी अस्पताल से भागेवाला संक्रमित समाज मे आउर संक्रमण फईलावे सकेवाला भईला से भागेवाला संक्रमित के सुरक्षाकर्मी हदै तक के बल प्रयोग करे सकेके निर्णय भईल बतवनी ।
पर्सा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी विष्णु कुमार कार्की के अध्यक्षता मे बईठल बईठक से अब उप्रान्त अस्पताल मे भर्ना भईल संक्रमित आदमी भागे ना देवे खातिर सुरक्षा निकाय उच्च सुरक्षा सतर्कता अपनावे के निर्णय भी कईल जानकारी सहायक प्रमुख जिल्ला अधिकारी बस्नेत बतवनी ।
एकरा साथे पर्सा जिल्ला भर लागू कईल निषेधाज्ञा के आउर प्रभावकारी रुप मे कार्यान्वयन करेके निर्णय भी कईले बा ।





