सर्लाही मे हथियार दु जने पकडईलें

जनकपुरधाम ४ जेठ
सर्लाही मे “प्रेस” लिखल मोटरसाइकल से हथियार बरामद भईल बा । कोरोना भाइरस के संक्रमण फईले ना देवे खातिर लकडाउन लगावल समय मे भारतीय नम्बर के मोटरसाइकल मे “प्रेस” लिख के घुम रहल अवस्था मे आजु सबेरे पुलीस से चेकजाँच कईला पर हथियार बरामद भईल बा ।
जिल्लाको विष्णु गाँवपालिका ३ विश्वनाथ टोलस्थित बाँसघारी से बीआर ३० एम ६७८७ नम्बर के प्रेस लिखल मोटरसाइकल से हथियार बरामद भईल सर्लाही प्रहरी के प्रवक्ता एवं डीएसपी मदन कुँवर जानकारी देहनी ।
उ जगहा मे हथियार सहित आदमी रहल सूचना अईला के बाद प्रदेश प्रहरी कार्यालय जनकपुरधाम आ जिल्ला प्रहरी कार्यालय सर्लाही से खटल संयुक्त टोली मोटरसाइकल मे सवार बिष्णु गाँवपालिका ३ रहेवाला २५ बरीस के मदन साह कानु आ भारत के सीतामढी जिल्ला मरहाडिह के १९ बरीस के अनिश साह बाडन ।
उलोग के साथ से एक थान कटुवा पेस्तोल आ ओमे लागेवाला १ राउण्ड गोली, दोसर चाइनिज पेस्तोल एक थान, ओकर म्यागेजिन आ ५ राउण्ड गोली बरामद भईल कुँवर जानकारी देहनी ।
उलोग के नियन्त्रण मे लेके आउर अनुसन्धान सुरु कईल पुलीस जनवले बा ।
एकरा से पहिले २७ फागुन मे बारा मे प्रेस लिखल मोटरसाइकल से लागूऔषध बरामद भईल रहे । प्रेस लिखल ना.६२ प ६२६७ न. के मोटरसाइकल मे सबार वीरगंज १५ रहेवाला ३० बरीस के जीतेन्द्रकुमार सिंह के साथ से डाइजेपाम, नुफिन, फेनारगन बरामद भईल रहे ।






