कोरोना संकट समाधान के खातिर एकतावद्ध भईल जरुरी : मुख्यमन्त्री शाही

सुर्खेत ५ जेठ

कर्णाली प्रदेश के मुख्यमन्त्री महेन्द्रबहादुर शाही कोरोना के संकट समाधान के खातिर एकतावद्ध होके लागल जरुरी भईल बतवले बानी ।

लकडाउन के चलते उद्योग व्यवसाय मे पडल असर के विषय मे जानकारी करावे खातिर सोमार के दिने मुख्यमन्त्री तथा मन्त्रिपरिषद के कार्यालय मे पुगल उद्योग वाणिज्य संघ सुर्खेत के प्रतिनिधिलोग के कोरोना से लियावल समस्या के सामने आउर समस्या गौण रहल मुख्यमन्त्री शाही बतवनी ।

विश्वव्यापी संकट के रुप मे देखल गईल कोरोना के विरुद्ध सरकार सभी शक्ति के साथ लड रहल बतावत सभी क्षेत्र के सहजोग जरुरी रहल मुख्यमन्त्री शाही के कहनाम बा ।

जरुरी सामान के आपूर्ति बाहेक के आउर व्यापार व्यवसाय तत्काल के खातिर सञ्चालन करे ना सकेके कहत मुख्यमन्त्री शाही नागरिक के जीवन सुरक्षा हि सरकार के प्राथमिक दायित्व भईल बतवनी ।

‘अभी हमनी बहुते हि संकटपूर्ण अवस्था भोग रहल बानी, संकट व्यवस्थापन के खातिर सरकार से कईल निर्णय कार्यान्वयन कईल सभी नागरिक के कर्तव्य ह ।’

मुख्यमन्त्री शाही प्रदेश सरकार से आवेवाला आर्थिक बरीस के खातिर नीति, कार्जक्रम आ बजेट के तइयारी कर रहल बतावत अभी के अवस्था मे सरकार से लेवेवाला नीति के सम्बन्ध मे निजी क्षेत्र के सुझाव देवे खातिर निहोरा कइनी ।

‘कर्णाली के बस्तुगत अवस्था के आधार मे पारदर्शी रुप मे आवेवाला नीति कार्जक्रम आ बजेट निर्माण करेके सरकार सोच बा,’ उद्योग वाणिज्य संघ के प्रतिनिधि से मुख्यमन्त्री शाही कहनी कि, ‘अभी के संकट से निजी क्षेत्र के पारल असर सम्बोधन कईसे कईल जा सकता ? अपनेलोग के सुझाव सरकार के जरुरी बा ।’

मुख्यमन्त्री शाही कर्णाली के विकास के खातिर निजी क्षेत्र के सहभागिता अनिवार्य रहल कहत विकास आ समृद्धि के अभियान मे निजी क्षेत्र के भी सँगे लेवेके बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।