वीरगंज–१६ नगवा गाँव के बिच मे आईसोलेशन तथा क्वारेन्टाईन बनावे लागल कहत स्थानियद्धारा बिरोध प्रदर्शन

वीरगंज ०७ जेठ,

वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं. १६ नगवा स्थित बाबा होटल के आईसोलेशन तथा क्यारेन्टाईन बनावे के विषय मे चर्चा बढे लागला के बाद स्थानियबासीलोग बिरोध प्रदर्शन कईले बाडन ।

नगवा स्थित बौद्धिमाई मन्दिर लगे गाँव के बिच मे रहल बाबा होटल के भवन मे आईसोलेशन तथा क्यारेन्टाईन बनावे खातिर सरोकारवाला नियका से अनुगमन कईल जानकारी मिलला के बाद स्थानियबासीलोग विरोध जनावत सडक मे उतरल रहलन ।

लकडाउन के बिच बहुते आदमीसब जम्मा होके बिरोध प्रदर्शन करे लागल जानकारी मिलला के बाद पुलीसलोग भिड के तितरबितर कईले रहलन ।

बाबा होटल अगाडी व्यापक रुप मे पुलीस परिचालन कईल बा ।

स्थिती नियन्त्रण मे लेवे खातिर ईलाका प्रहरी कार्यालय नगवा, वडा प्रहरी कार्यालय विर्ता आ जिल्ला प्रहरी कार्यालय से आउर प्रहरी परिचालन कईल बा ।

पर्सा जिल्ला मे संक्रमित के संख्या बढे लागला के बाद पर्सा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी सहभागि केन्द्र से आईल क्राईसिस म्यानेजमेन्ट कमिटी के अनुगमन टोली आजु वीरगंज महानगरपालिका के सम्भावित जगहा के अनुगमन के समय मे नगवा मे रहल बाबा होटल के भी अनुगमन कईले रहलन ।

होटल के अनुगमन करके फिर्ता गईला के बाद स्थानियलोग इहाँ आईसोलेशन भा क्वारेन्टाईन बनावे ना देवेके कहत विरोध मे उतरल रहलन ।

घनावस्ती विच स्थापना करेवाला आईसोलेशन भा क्वारेन्टाईन मे रहे आवेवाला संक्रमित से हि पुरे गाँव मे संक्रमण फईले सकेके डर से स्थानिय प्रशासन सहित के अनुगमन टोली के विरोध कईले रहलन ।

उ विषय मे वार्ड नं. १६ के वार्ड अध्यक्ष श्यामबाबु चौरसिया स्थानिय प्रशासन इहाँ के सर्वदलिय तथा स्थानिय संगे कउनो किसिम के छलफल हि ना करके कोरोना संक्रमण के आंशका लागल आदमी के इहाँ राखे लागल कहत विरोध मे उतरल बतवनी ।

विच गाँव मे क्वारेन्टाईन राखे ना मिली कहत उ स्थानिय प्रशासन गाँव से बाहर लेजाके आईसोलेशन भा क्वारेन्टाईन बनोे हमनी के कउनो किसिम के दिकत नइखे माकिर विच गाँव मे कउनो भी हालत मे कोरोना संक्रमित के राखे ना देहल जाई ।

नगवा के स्थानियबासी बाबा होटल के मुल गेट मे ताला आ लकडी के पिल्लर राख के ारस्ता बन्द करत विरोध जनवले रहलन ।

सयो के संख्या मे रहल स्थानिय, स्थानिय प्रशासन बल प्रयोग कईला पर ओकर जवाफ देवे खातिर प्रतिकार मे उतरेके चोतावनी भी देहले बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।