स्वदेश फिर्ता आवे चाहेवाला नेपाली के सरकार से सहजोग करेके पडि : नेता निधि

काठमाण्डु ८ जेठ
नेपाली काँग्रेस के उपसभापति विमलेन्द्र निधि कोरोना के चलते विदेश मे संकट मे पडल नेपाली के स्वदेश फिर्ता होखे खातिर सरकार सहजोग करेके बिचार रखनी ।
अनलाइन जुम प्रविधि से भईल पार्टी के केन्द्रीय नीति, अनुसन्धान तथा प्रशिक्षण प्रतिष्ठान के बईठक मे उ महामारी के समय मे नागरिक के स्वास्थ्य उपर सरकार जिम्मेवार होखेके आ जहाँ रहला पर भी स्वदेश फिर्ता होखेके चाहल नेपाली के स्वदेश फिर्ता आवेमे सहजोग करेके बतवनी ।
प्रतिष्ठान के प्रमुख निधि कोरोना के कठीन समय मे अग्रस्थान मे रहल चिकित्साकर्मी, सहजोगी स्वास्थ्यकर्मी, सुरक्षाकर्मी, सफाइकर्मी आ सञ्चारकर्मी के काम के सराहना करत उलोग के स्वास्थ्य के सुरक्षा के साथ सरकार विशेष प्रोत्साहन प्याकेज लियावे के बिचार उ रखनी ।
बईठक मे कोरोना संक्रमण आ ओकरा से पारल असर, पोष्ट कोरोना, आवेवाला दिन मे प्रतिष्ठान से करेवाला प्रशिक्षण शैली, प्रविधि के प्रयोग, पाठ्यसामग्री प्रकाशन, नेपाली राजनीति मे उत्पन्न परिस्थिति, सिमाना के सवाल, सरकार के नीति तथा कार्जक्रम लगायत विषय मे विमर्श भईल रहे ।
प्रतिष्ठान से इहे जेठ १५ गते गणतन्त्र दिवस के सभी समस्या समाधान के मार्ग लोकतन्त्र कहके नारा का साथ मनावे के निर्णय कईल प्रतिष्ठान के कार्यकारी निर्देशक पुरुषोतम दाहाल जानकारी देहनी ।
बईठक मे काँग्रेस प्रवक्ता एवम् सूचना, सञ्चार तथा प्रचार विभाग प्रमुख विश्वप्रकाश शर्मा समसायमयिक विषय सहित पार्टी के गतिविधि के बारे मे जानकारी देहले रहनी ।
प्रतिष्ठान सरकार के नीति तथा कार्जक्रम मे कृषि, पर्यटन, उद्योग, स्वास्थ्य, शिक्षा लगायत महत्वपूर्ण क्षेत्र के खातिर कउनो ठोस योजना ना आईल कहत आवेवाला बरीस बेरोजगारी के समस्या आउर विकराल होखेके चिन्ता व्यक्त कईले बा ।
बईठक से कोरोना से उत्पन्न स्वास्थ्य खाद्यान्न आ अर्थव्यवस्था मे संकट तथा शिक्षा आ रोजगारी मे व्यापक असर करेके, सुरक्षित मातृत्व, जनानी लईकालईकी सहित आमरूप मे पडल मनोवैज्ञानिक प्रभाव तथा वातावरण मे आवेवाला असन्तुलन के बारे मे छलफल कईले रहे ।
साथे बईठक से सरकारद्वारा जारी सूचना, जानकारी तथा पथप्रर्दशन के पूर्ण पालन करत काँग्रेस के सदस्य के ई बारे प्रशिक्षित करेके आ सचेत बनावे के एवं अनेकन माध्यम से व्यापक जनचेतना फईलावे के निर्णय कईले बा ।
स्वदेश फिर्ता होखे चाहेवाला नेपाली के उचित व्यवस्थापन करके नेपाल आवेमे सहजीकरण करे खातिर सरकार के निहोरा करेके आ ई विषय मे काँग्रेस से जारी कईल दृष्टिकोण के अध्ययन तथा अनुशीलन करे खातिर सदस्य के प्रेरित करेके बईठक से निर्णय कईले बा ।
बईठक से कोरोना के पिसिआर परीक्षण के दायरा विस्तार करे खातिर सरकार से निहोरा कईले बा ।






