एके दिन १२९ जने मे कोरोना पुष्टि, संक्रमित संख्या ९ सय से बेसी

काठमाण्डु १४ जेठ
नेपाल मे आजु एके दिन १२९ जने मे कोरोना (कोभिड–१९) पुष्टि भईल बा ।
स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रालय के मुताविक काठमाण्डु, धरान, विराटनगर, पोखरा, हेटौंडा, दाङ, पोखरा आ सुर्खेत मे कईल परीक्षण मे एके दिन एना बहुते संख्या मे संक्रमित मिलल बाडन ।
ई सँगे कुल संक्रमित संख्या ९०१ पुगल बा ।
मन्त्रालय के प्रवक्ता डा. विकास देवकोटा के मुताविक बुध के दिने धरान के बीपी कोइराला स्वास्थ्य विज्ञान प्रतिष्ठान मे कईल परीक्षण मे ११ जने मे पोजेटिभ देखल गईल बा ।
पोजेटिभ देखल सभी सप्तरी के बाडन ।
कोसी अस्पताल मे कईल परीक्षण मे झापा के १७ जने मे कोरोना पोजेटिभ देखल गईल बा ।
हेटौंडा मे भईल परीक्षण मे रौतहट के ७ सहित ८ जने मे कोरोना पोजेटिभ देखल गईल बा ।
पोखरा मे भईल परीक्षण मे बागलुङ के ४ जने मे पोजेटिभ देखल गईल बा ।
दाङ मे भईल परीक्षण मे रुकुम पूर्व के ३, दाङ के १५ करके १८ जने मे पोजेटिभ देखल गईल बा ।
बाँके के भेरी अस्पताल मे भईल परीक्षण मे १६ जने पोजेटिभ देखल गईल प्रवक्ता डा. देवकोटा बतवनी ।
राष्ट्रिय जनस्वास्थ्य प्रयोगशाला मे कईल परीक्षण मे ३८ जने के पोजेटिभ रिपोर्ट आईल बा ।
बुध के दिने कर्णाली मे भी १५ जने मे कोरोना पुष्टि भईल बा ।
वीरेन्द्रनगर के प्रयोगशाला मे भईल परीक्षण से १५ जने मे पोजेटिभ देखल गईल सामाजिक विकास मन्त्रालय के स्वास्थ्य महाशाखा के प्रमुख डा. लक्ष्मीनारायण तिवारी जानकारी देहनी ।
नयाँ संक्रमित मेसे वीरेन्द्रनगर नगरपालिका ७ पुरुष आ ३ जनानी रहल बाडि आ चौकुने गाँवपालिका के दु जने जनानी आ एक जने पुरुष रहल बाडन ।
दोसर एक जने ५५ बरीस के पुरुष बझाङ के रहल खुलल बा आ दोसर एक जनानी बोले ना सकेवाला भईला से पहिचान ना भईल महाशाखा के प्रमुख डा. तिवारी बतवनी ।
नेपाल मे बुध तक संक्रमण देखल गईल मेसे पुरुष ८०५ आ जनानी ९६ रहल बाडन ।






