पर्सा मे २ जने के लईकालइकी के लास मिलल

वीरगंज २४ पुस

पर्सा मे २ जने लईकालइकी के लास मिलल बा । पर्सा के वीरगंज महानगरपालिका मे १ जने लइकी आ जगरनाथपुर गाँवपालिका–६ सन्ठी गाँव मे एक जने लइका के लास मिलल बा ।

वीरगंज महानगरपालिका कञ्चनजंङ्ग स्कूल के बगल मे ९ बरीस के लइकी के लास मिलल पुलीस जनवले बा । वीरगज–१५ भिस्वा मे बाबुमाई सँगे डेरा मे रहत आईल अन्दाजी ९ बरीस के लइकी रिजवाना खातुन के लास मिलल बा । स्कूल के पूरुब ओरी निर्माणाधिन एक घर के बगल मे खातुन के लास मिलल पर्सा के प्रहरी नायव उपरिक्षक ओम प्रकाश खनाल जानकारी देहनी । लास शंकास्पद अवस्था मे मिलला से हत्या कईल हो सकेके आशंका कईल बा । आशंका के आधार मे ३ जने के नियन्त्रण मे लेके जरुरी अनुसन्धान हो रहल पर्सा के प्रहरी प्रवक्ता खनाल बतवनी । लास पोष्टमार्टम के खातिर नारायणी अस्पताल पठावल गईल उ बतवनी । लास के पोष्टमार्टम रिपोर्ट अईला के बाद मात्र मृत्यु के कारण खुलेके खनाल बतवनी ।

एहितरे पर्सा के जगरनाथपुर गाँवपालिका–६ सन्ठी मे भी एक जने लईका के लास मिलल बा । घर से चार दिन से भुला रहल स्थानीय नागेश्वर पटेल के १२ बरीस के बेटा मन्टु पटेल शनिचर के सबेरे मृत मिलल बाडन । गाँव लगेके ऊँख के खेत मे मन्टु के लास, घेंट मे गम्छा से कसल अवस्था मे मिलल बा ।

शनिचर के सबेरे घाँस काटे ऊँख के खेत मे गईल एक जनानी लईका के लास देखले रहली । ओकरा बाद गाँव के लोग पुलीस के खबर कईले रहलन । लईका के लास पोस्टमार्टम के खातिर वीरगंज स्थित नारायणी अस्पताल मे पठावल गईल पुलीस नायव उपरिक्षक खनाल जानकारी देहनी । लइका के हत्या कईल आशंका पुलीस के बा । घटना मे संलग्न रहल हो सकेके आशंका मे ४ जने के नियन्त्रण मे लेके अनुसन्धान कर रहल खनाल जानकारी देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।