काँग्रेसद्वारा संविधान संशोधन के पक्ष मे मतदान करे खातिर आदेश

काठमाण्डु १८ जेठ

प्रमुख प्रतिपक्षी दल नेपाली काँग्रेस नेपाल के संविधान के अनुसूची–३ मे संशोधन करे खातिर संघीय संसद् मे प्रस्तुत संविधान संशोधन के प्रस्ताव के पक्ष मे मतदान करे खातिर पार्टी के संसदीय दल के निर्देश करेके निर्णय कईले बा ।

काँग्रेस केन्द्रीय कार्यसमिति के शनिचर के रात अबेर तक भईल बईठक से सन् १८१६ के सुगौली सन्धि मुताविक लिम्पियाधुरा से बहेवाला काली (महाकाली) पूर्व के भूभाग लिम्पियाधुरा, लिपुलेक आ कालापानी क्षेत्र नेपाल के भईल दोहोरावत उ निर्णय कईले बा ।

सरकार अभी उ भूभाग समावेश करके जारी कईल नेपाल के नयाँ नक्शा मुताविक नेपाल के संविधान के अनुसूची–३ मे रहल निशान छापभित्र अंकित नक्शा के नेपाल के वास्तविक सीमानुरुप मिलावे खातिर इहे जेठ ९ गते संसद् मे ‘नेपाल के संविधान (दुसरका संशोधन), २०७७’ विधेयक दर्ता करवले रहे ।

काँग्रेस वितल समय मे आपन पार्टी नेतृत्व के सरकारसब भारतीय पक्ष सँगे भईल हरेक औपचारिक÷अनौपचारिक वार्ता मे उ भूभाग के सम्बन्ध मे स्पष्ट धारणा राखत आईल भी जानकारी करावल गईल बा ।

बईठक से पार्टी सभापति एवं तत्कालीन प्रधानमन्त्री शेरबहादुर देउवा नेतृत्व कईल सरकार पिछिलका संसद् मे प्रस्तुत संविधान संशोधन के प्रस्ताव फेनु दर्ता करे खातिर भी संसदीय दल के निर्देश करेके निर्णय कईल काँग्रेस के मुख्य सचिव कृष्णप्रसाद पौडेल जानकारी देहनी ।

कोरोना से युद्धस्तर मे लडे खातिर निहोरा
कोरोना विरुद्ध के संघर्ष मे तइयारी के खातिर पर्याप्त समय मिल के भी व्यवस्थित करे खातिर सरकार ना सकल टिप्पणी करत काँग्रेस पिसिआर विधि से परीक्षण के व्यापक बढावे खातिर, स्वास्थ सामान पर्याप्त प्रबन्ध करेके, क्वारेन्टाइन के मापदण्डानुरुप के बनावेके, आइसोलेशन वार्ड के संख्या व्यापक वृद्धि करेके आ जरुरी भेन्टिलेटर के पर्याप्त जोहो करत युद्धस्तर मे काम करे खातिर सरकार से माग कईले बा ।

एहितरे राहत, क्वारेन्टाइन, ईलाज लगायत काम मे नेतृत्व करेके स्थानीय तह के लकडाउन भईल दु महिना पुगला पर भी जरुरी रोपेया ना पठावल केन्द्र सरकार के गैह्रजिम्मेवारपूर्ण ब्यवहार भईल आरोप लगावत बईठक से तत्काल रोपेया निकासा करे खातिर संघीय सरकार समक्ष माग कईल उ बतवनी ।

श्रमिक, बेरोजगार, विद्यार्थी, अपांगता, एकल जनानी लगायत के राहत विशेष व्यवस्था करेके आ लकडाउन से प्रभावित सञ्चारगृह तथा रोजगारी गुमावल श्रमजीवी पत्रकार के राहत प्रबन्ध करे खातिर बईठक से माग कईले बा ।

कोरोना के कहर मे पडल विदेश मे रहेवाला नेपाली के जलदी से प्राथमिकता के आधार मे उद्धार शुरु करे खातिर बईठक से सरकारसमक्ष माग कईले बा ।

एहितरे बईठक से रूकुम के चौरजहारीमा भईल हत्याकाण्ड के निष्पक्ष अनुसन्धान के खातिर सर्वदलीय संसदीय समिति गठन करके दोषी उपर कार्वाही करेके माग कईल मुख्य सचिव पौडेल बतवनी ।

साथे बितल वैशाख १८ गते रोल्पा के त्रिवेणी गाविस मे बेवारिसे बम के बिस्फोट से चार लईकालइकी के मृत्यु भईल घटना के बारे मे अभी तक अनुसन्धान आ दोषी के पहिचान ना कईल कहत बईठक से तत्काल अनुसन्धान करेके आ दोषी के कारवाही करेके माग कईले बा ।

आर्थिक बरीस २०७७÷७८ के खातिर प्रस्तुत बजेट से वर्तमान सरकार के प्रचारमुखी चरित्र के प्रतिविम्बन कईल टिप्पणी करत बईठक से कोरोना संक्रमण से लडे खातिर इच्छाशक्ति, कार्ययोजना आ बजेट उहे रुपमे प्रष्ट ना देखल गईल निष्कर्ष निकलले बा । बजेट अत्यधिक रूप मे सार्वजनिक कर्जा मे निर्भर रह के राष्ट्रिय कर्जा बहुते बढावे खातिर अग्रसर देखल गईल काँग्रेस के कहनाम बा ।

एहितरे सार्वजनिक खर्च के प्रकृति देखला पर पूँजीगत खर्च कूल गार्हस्थ उत्पादन के अनुपात मे आउर घटल आ चालु खर्च के अनुपात बढल काँग्रेस जनवले बा ।

बईठक से कोरोना से ई बीच मे नेपाल आ विदेश मे जीवन गुमावेवाला सभी नेपाली के आत्मा के चीर शान्ति के कामना करत शोकसन्तप्त परिवारजन मे समवेदना के साथ ईलाज करा रहल सभी के शीघ्र स्वास्थ्यलाभ के कामना कईले बा ।

सभापति शेरबहादुर देउवा के अध्यक्षता मे बईठल बईठक मे महामन्त्री पूर्णबहादुर खड्का प्रस्ताव प्रस्तुत कईले रहनी ।

वरिष्ठ नेता रामचन्द्र पौडेल, उपसभापतिद्वय विमलेन्द्र निधि आ विजयकुमार गच्छदार, महामन्त्री डा शशांक कोइराला, कोषाध्यक्ष सीतादेवी यादव, सहमहामन्त्री डा. प्रकाशशरण महतलगायत केन्द्रीय सदस्य आ आमन्त्रित केन्द्रीय सदस्य आपन बिचार रखले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।