बन्दाबन्दी के स्वरुप परिवर्तन करे खातिर सांसद के माग

काठमाण्डु २३ जेठ

चौहत्तर दिन के बन्दाबन्दी से देश के जनजीवन प्रभावित भईला के साथे समग्र अर्थतन्त्र मे नकारात्मक असर पडल जनावत सांसद ओकर स्वरुप परिवर्तन करे खातिर सरकार के ध्यानाकर्षण करवले बानी ।

राष्ट्रियसभा के आजु के बईठक मे विशेष समय लेके सत्तारुढ तथा प्रतिपक्षी दल के सांसद बन्दाबन्दी के अभी के रणनीति बदल के प्रभावित आ कम प्रभावित क्षेत्र के किटान करके आर्थिक गतिविधि बढावे खातिर निहोरा कइनी ।

साथे उलोग कोभिड–१९ के महामारी नियन्त्रण के साथे एकरा से शिथिल बनल देश के अर्थतन्त्र के चलायमान बनावे खातिर आ जनजीवन के सहज बनावे खातिर सरकार तथा सभी राजनीतिक दलबीच एकता आ सहकार्य के साथ अगाडि बढेके बात मे जोड देहनी ।

सांसद गोपीबहादुर अछामी कोभिड–१९ के महामारी से नागरिक के स्वास्थ्य मे जटिलता आ अर्थतन्त्र मे बडका सङ्कट पैदा भईल दृष्टान्त प्रस्तुत करत एकर सामना करे खातिर अभी के बन्दाबन्दी के स्वरुप परिवर्तन करके आर्थिक गतिविधि क्रमशः बढावेके बतवनी ।

बन्दाबन्दी से आर्थिक जनजीवन प्रभावित भईल तथा व्यावसायिक क्षेत्र भी धराशायी अवस्था मे पुगला से एकरा के सहज बनावत लेजाएके उनकर कहनाम बा ।

परिस्थिति के सहज बनावे खातिर प्रभावित क्षेत्र मे कडाइ करके आउर कम जोखिम भईल क्षेत्र मे आर्थिक गतिविधि बढावेवाला तरिका से अगाडि बढेके सांसद अछामी जोड देहनी ।

उ शैक्षिक गतिविधि सञ्चालन के खातिर निःशुल्क इन्टरनेट उपलब्ध करावे के आ दुर्गम क्षेत्र मे एफएम रेडियोमार्फत पठनपाठन सञ्चालन करे खातिर भी सरकार के सुझाव देहनी ।

सांसद जीतेन्द्रनारायण देव कोभिड–१९ आ आर्थिक महामारी से देश के सङ्कट ओरी धकेलला से बन्दाबन्दी के स्वरुप परिवर्तन करके अर्थतन्त्र के चलायमान बनावे के बतवनी ।

उ नेपाल जईसन विकासोन्मुख देश आर्थिक सङ्कट मे जाएके खतरा बढला से सरकार प्रतिपक्षी के भी विश्वास मे लेके परिस्थिति के सामना करे खातिर साझा सङ्कल्प के साथ अगाडि बढेके बात मे जोड देहनी ।

देश के कैयन क्वारेन्टिन सङ्क्रमण के स्रोत बनेके खतरा बढल उदाहरण प्रस्तुत करत ओकरा के व्यवस्थित बनाके पिसिआर परीक्षण के दायरा बढावे खातिर निहोरा कइनी । नेपाल मे कोभिड के चलते १० जने के मृत्यु आ दु हजार ६०० से बेसी सङ्क्रमित बाडन ।

कोभिड–१९ के महामारी नियन्त्रण के खातिर सरकार बितल चईत ११ से देशभर बन्दाबन्दी शुरु कईले रहे ।

पिछिलका बेर बन्दाबन्दी के समयावधि जेठ मसान्त तक कायम कईल बा । देश भितर के आन्तरिक तथा अन्तराष्ट्रिय हवाई उडान स्थगन कईल बा । आवेवाला असार १६ गते तक उडान स्थगन करेके निर्णय कईल बा ।

सांसद भगवती न्यौपाने लम्हर बन्दाबन्दी से काम करे ना मिलल आ आदमी के जनजीवन आउर कष्टकर होखेके अवस्था अईला से बन्दाबन्दी के रणनीति परिवर्तन करके जनजीवन सहज बनावे के माग कइनी ।

उ तराई–मधेश मे नाका मे आउर कडाइ करके पहाडी जिल्ला तथा कम जोखिम भईल क्षेत्र मे बन्दाबन्दी सहज करत लेजाए के बतवनी ।

सांसद हरेराम चौधरी सुदूरपश्चिम मे करीब ५८ हजार नागरिक क्वारेन्टिन मे रहल आ आउर भी आवेके क्रम चल रहला से उलोग के स्वास्थ्य परीक्षण के खातिर पर्याप्त स्वास्थ्य सामान तथा उपकरण के व्यवस्था मिलावे खातिर सराकार के ध्यानाकर्षण करवनी ।

सांसद कविता बोगटी कर्णाली प्रदेश आ सुदूरपश्चिम प्रदेश मे कोभिड परीक्षण दायरा बढावे खातिर सरकारसमक्ष माग कइनी ।

उसआ कर्णाली प्रदेश मे जकडल छाउपडी प्रथा नियन्त्रण के खातिर केन्द्रीय सरकार से कडा कानून लियावे के सुझाव भी देहनी ।

सांसद मायाप्रसाद शर्मा कर्णाली प्रदेश के अनेकन जिल्ला मे पिसिआर प्रविधि से परीक्षण बढावे के माग कइनी ।

उ क्षेत्र मे क्वारेन्टिन के आउर व्यवस्थित करके परीक्षण के सहज बनावे खातिर भी उ सरकार के ध्यानाकर्षण करवनी ।

विशेष समय मे अधिकांश सांसद रुकुम(पश्चिम) घटना अमानवीयता के पराकाष्ठा भईल जनावत घटना के निष्पक्ष छानबिन करके दोषी उपर कानूनी कारवाही के माग कईले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।