मौसम मे सुधार होत जाई : मौसमविद्
काठमाण्डु, २५ जेठ
कुछ दिन एने से न्यून चापीय प्रणाली से प्रभावित मौसम आजु से सुधार होत जाएके भईल बा ।
उ प्रणाली पश्चिमी भूभाग से बाहर निकलेके समय शुरु भईला से क्रमशः सुधार होत जाएके मौसमविद् मीनकुमार आर्याल जानकारी देहनी ।
अभी देश के प्रदेश नं ५, कर्णाली, गण्डकी, वाग्मती प्रदेश, प्रदेश नं १ आ सुदूरपश्चिम प्रदेश के पहाडी भूभाग मे सामान्य बदली रह के प्रदेश नं १ तथा प्रदेश ५ आ सुदूरपश्चिम प्रदेश के तराई भूभाग मे मौसम सामान्यतया सफा रहल बा ।
आजु दिन के देश के बहुते जईसन जगहा मे सामान्य बदली होके प्रदेश नं १, वाग्मती, गण्डकी प्रदेश तथा प्रदेश नं ५ के कुछ जगहा के साथे कर्णाली तथा सुदूरपश्चिम प्रदेश आ प्रदेश नं २ के एक÷दु जगहा मे मेघगर्जन सहित वर्षात के सम्भावना रहल मौसम पूर्वानुमान महाशाखा जनवले बा ।
मौसम पूर्वानुमान महाशाखा के पिछिलका विवरण मुताविक आजु काठमाण्डु उपत्यका के न्यूनतम तापक्रम १७ दशमलव दु डिग्री आ अधिकतम तापक्रम २६ दशमलव दु डिग्री सेल्सियस रहल बा ।
एहितरे सबसे कम जुम्ला के न्यूनतम तापक्रम ११ दशमलव ९ डिग्री सेल्सियस आ सब से बेसी नेपालगञ्ज के अधिकतम तापक्रम ३३ दशमलव छ डिग्री सेल्सियस रहल बा ।






