पुलीस चौकी मे हि बा जिराभवानी १ मे प्रदेश सरकार से पठावल राहत

मेघराज राय
जीराभवानी २६ जेठ
पर्सा जिल्ला के जीराभवानी गाँवपालिका–१ मे रहल अतिविपन्न, गरीब आ दलित परिवार के खातिर प्रदेश सरकार से पठावल राहत सामान दु हप्ता से पुलीस चौकी मे हि अइसहि पडल बा ।
जीराभवानी गापा–१ मे बसोबास करेवाला ५६ परिवार के खातिर पुगेवाला राहत पुलीस चौकी महादेवपट्टि मे राखल गईल बा ।
चौकी परिसर मे रहल शिव मन्दिर मे उ सामान त्रिपाल से तोप के राखल गईल बा ।
प्रसनि सुरेन्द्र पाण्डे त्रिपाल से तोप के राहन सामान सुरक्षित राखल गईल बतवले बानी ।
प्रदेश सरकार पहिलका चरण मे ९० परिवार के खातिर जीराभवानी गाँवपालिका मे राहत पठवले रहे ।
राहत वितरण करेके समय मे विवाद भईला के बाद ५६ परिवार के पुगेवाला राहत ना बाँटा के अईसहि पुलीस चौकी मे राखल गईल बा ।
पुलीस चौकी मे राखला दु हप्ता बिते लागला पर भी राहत बाँटेके ओरी केहु ध्यान नइखन देहले ।
वर्षात मे त्रिपाल से तोपके राखल राहन सामान बिगड सकेके सम्भावना बेसी बा ।
राहत सामान मे चाउर, दाल, नून, तेल, सोयाबिन, साबुन लगायत के रहल बा ।
वार्ड अध्यक्ष शेख नुमान आजम सीमित परिवार के खातिर अईला से विवाद बढला पर वितरण मे समस्या भईल बतवनी ।
उ एकाध दिन मे सभी राहत सामान बँटाए के आश्वासन देहले बानी ।





