पचरौता–६ के वार्ड अध्यक्षद्धारा हि एक युवक उपर पिटपाट कईल आरोप

प्रभु यादव

बारा २८ जेठ

बारा के पचरौता नगरपालिका वार्ड नम्बर ५ निवासी एक युवक के बितल रात पिटपाट भईल बा ।

स्कुल के जमिन मे देवाल बनावे के विवाद बढला के बाद उ जगहा मे दुनु पक्ष बिच बादबिवाद होत आईल रहे ।
लम्हर समय से पचरौता नगरपालिका वार्ड नम्बर ६ स्थित श्री नेरा निमाबि पकडिया के नाम मे रहल जमिन के किता नम्बर २ सय ५७ के पुर्वी आ दक्षिणी कुना मे अन्दाजी ५ कठा के जमिन मे मुस्लिम समुदाय के आदमीसब एकलरुप मे चिहान(कब्रगाह) निर्माण करे खातिर देवाल बनावे के प्रक्रिया अगाडी बढावे के समय मे हिन्दु आ मुस्लिम समुदाय बिच विवाद सृजना भईला के बाद उ जमिन मे देवाल ना बनावे खातिर उच्च अदालत जनकपुर अस्थाई ईजलास वीरगंज से जेष्ठ २७ गते के दिन स्थानिय भिखारी साह रौनियार लगायत के आदमीसब निवेदन देहला के बाद उच्च अदालत उ जमिन मे देवाल ना बनावे खातिर स्टेअडर जारी करवले बाडन ।

निषेधाज्ञा अर्डर मे असार ८ तक कउनो कच्ची भा पक्की कामकाज ना करे खातिर आदेश भईल बा । साथे सूचना तामेल भईल मिति से १५ दिन भितर लिखित जवाफ देवे खातिर बिपक्षी के नाम मे भी आदेश भईल बा ।

निषेधाज्ञा गाँव मे पुगला के बाद मुस्लिम समुदाय के आदमीसब आक्रोसित होके गालीगलौज कईला के साथे पचरौता नगरपालिका वार्ड नम्बर ५ के २७ बरीस के युवक सिवोध कुमार यादव के मंगर के दिने अकेले रहल समय मे रात के करिब ८ बजे उहे वार्ड के वार्ड अध्यक्ष मकबुल मिया, उनकर बेटा सुगा अंसारी, स्थानियलोग नबि मिया, सेराजुल मिया, आबिद मिया लगायत के आदमीसब यादव के पिटपाट करत बाँवारी आँख के उपरला भाग मे घरेलु हथियार प्रहार करके घायल बनावल पिडित के आरोप रहल बा ।

पिटपाट से सिबोध के अवस्था गम्भिर भईला के बाद ईलाज के खातिर नारयणी उपक्षेत्रिय अस्पताल वीरगंज मे भर्ना कईल गईल बा ।

घटना मे संलग्न रहललोग के पकड के कारवाहि करे खातिर पिडित युवक के बाबु पुरन राय यादव माग कईले बानी ।

एने वार्ड नम्बर ५ के वार्ड अध्यक्ष लक्षमी यादव कानुनी राज्य मे कानुन के पलना कईला के बदले आपन हाथ मे कानुन के लेके आदमी के मृत्यु होखेवाला किसिम से पिटपाट कईल घटना बहुते निन्दनिय रहल कहत घटना के छानबिन करके दोषी उपर कडा कारवाही के माग कईले बानी ।

एने उत्पन विवाद के समाधान करे खातिर हिन्दु, मुस्लिम समुदाय के आदमीसब विवाद मिलावे खातिर सहजीकरण करत आईल आ महौल भी शान्त भईला मे फेनु मंगर के रात अचानक कईसे एक युवक के मारल गईल उ चिन्ता के बिषय बनल स्थानिय सचितानन्द साह सवाल कइनी ।

सम्प्रदायिक दंगा ना भडकावे खातिर सभी से निहोरा करत आपन जगहा से पलह करेके सुझाव भी देहल उ बतवनी ।

ई बिषय मे वार्ड नम्बर ६ के वार्ड अध्यक्ष मकबुल मिया से बुझला पर रात के ८ बजे के समय मे हमर घर अगाडि कुछ आदमी के झुण्ड आईल रहलन ।

जहातक सिवोध के पिटपाट के बात बा उ के पिटले बा हमनी के जानकारी ना भईल दाबी कईले बानी ।

बिधालय के प्रधनाध्याप्क रामबाबु सहनी ई गाँव के समस्या भईला से खुद कर्मचारी भईला से ई बिषय मे कुछो कहे के ना मिली कहके बतवनी ।

एने प्रमुख जिल्ला अधिकारी रुद्र प्रसाद पंडित खुद देवाल बनावे खातिर कहल बतावत घटना स्थल मे पुग के अनुगमन भी करके सम्प्रदायिक गतिविधी ना करे खातिर दुनु पक्ष के सुझाव देहल प्रतिक्रिया देहले बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।