खेस्राहा मे रास्ता के विषय मे दु पक्ष बिच झडप, ७ जने घायल

वीरगंज २९ जेठ
पर्सा जिल्ला के पकाहा मैनपुर गाँवपालिका वार्ड नं. ४ खेस्राहा गाँव मे सडक बनावे के विषय मे दु पक्षबीच विवाद होत झडप भईल बा ।
झडप मे ७ जने घायल भईल बाडन । घायल मेसे २ जने के अवस्था गम्भीर रहल अस्पताल स्रोत जनवले बा ।
घायल होखेवाला मे रामअवध बैठा, रामसागर बैठा, वसन्त बैठा, रामलखन बैठा, कन्हाई साह, सुमित्री कुमारी आ रामप्रवेश बैठा रहल बाडन ।
घायल मेसे ६ जने के वीरगंज मे रहल एलएस न्यूरो अस्पताल मे ईलाज हो रहल बा ।
दोसर घायल रामप्रवेश के पुलीस से पकडल गाँवपालिका अध्यक्ष विजय चौरसिया बतवले बानी ।
खेस्राहा गाँव मे रहल सार्वजनिक रास्ता बनावे के विषय मे बितल कुछ दिन से स्थानीय दु पक्ष बिच विवाद रहे ।
उहे विवाद समाधान के खातिर गाँव मे बियफे के दिने सर्वपक्षीय बईठक बईठल रहे ।
बईठक मे दु पक्षबीच विवाद होके मारामारी तक भईल अध्यक्ष चौरसिया बतवले बानी ।
बईठक स्थल मे पुलीस रहला पर भी मारामारी से आदमी गम्भीर घायल होखे तक पुलीस कउनो सुरक्षा ना देहल गाँवपालिका अध्यक्ष चौरसिया बतवनी ।






