नागरिकता ऐन संशोधन विधेयक विरुद्ध जनता समाजवादी के प्रदर्शन

वीरगंज ०७ असाढ
नागरिकता ऐन संसोधन विधेयक मे लियावल प्रावधान उपर असन्तुष्ट जनता समाजवादी पार्टी के युवालोग वीरगंज मे प्रदर्शन कईले बाडन ।
युवालोग भारत तथा तिसरका देश से बियाह करके आईल पतोह के ७ बरीस के बाद मात्र अंगीकृत नागरिकता देवेके प्रावधान ना राखे खातिर माग करत प्रदर्शन कईले बाडन ।
सामाजिक साँस्कृतिक रीति मुताविक बियाह करके लियावल जनानी उपर अन्याय करे लागल उलोग के कहनाम बा ।
मधेसी समुदाय के अपमान करे खातिर, राज्य के निकाय मे पुगे से वञ्चित करे खातिर संसोधन विधेयक लियावल तर्क उलोग के बा ।
जनता समाजवादी पार्टी वीरगंज महानगर समिति के युवालोग वीरगंज के घण्टाघर मे आजु सबेरे प्रदर्शन कईले रहलन ।
‘मधेसी उपर अत्याचार बन्द कर’, ‘जनानी उपर विभेद आ अत्याचार करे ना मिली’, ‘रोटी बेटी के सम्बन्ध विगाडे ना मिली’, ‘नागरिकता ऐन संसोधन विद्येयक फिर्ता कर’ लगायत के नारा लिखल प्लेकार्ड सहित युवा प्रदर्शन मे उतरल बाडन ।
प्रदर्शन मे सहभागी समाजवादी आवद्ध युवा ईश्वर यादव नागरिकता ऐन संसोधन विधेयक फिर्ता ना भईला पर मधेस आन्दोलन से बडका आन्दोलन होखेके चेतावनी देहनी । ‘जनानी उपर अत्याचार करे खातिर षडयन्त्र हो रहल बा ।
निर्मला हत्याकाण्ड लगायत के लुकावे खातिर नागरिकता ऐन संसोधन विधेयक लियावल बा,’ चेतावनी देत उ, ‘अधिकार के खातिर मधेस आन्दोलन मे देहल आहुती से भी अगाडि बढ के हथियार उठा सकत बानी ।’
संविधान के धारा ११(६) मे नेपाली नागरिक सँगे वैवाहिक सम्बन्ध कायम कईल विदेशी जनानी चाहला पर संघीय कानुन बमोजिम नेपाल के अंगीकृत नागरिकता लेवे सकेके प्रावधान बा ।
नेपाल नागरिकता ऐन २०६३ मे भी नेपाली नागरिक से वैवाहिक सम्बन्ध भईल विदेशी जनानी नेपाल के नागरिकता प्राप्त करेके चाहला पर तोकल अधिकारी समक्ष तोकल ढाँचा मे निवेदन देवेके उल्लेख बा ।
ओइसे निवेदन देहला पर नेपाली नागरिक सँगे भईल वैवाहिक सम्बन्ध के आ खुद विदेशी नागरिकता छोडेके कारबाही चलावल निस्सा पेस करेके पडि ।






