जगरनाथपुर गापा के आ.व २०७७÷०७८ के निति तथा कार्जक्रम

मेघराज राय

जीराभवानी ०८ असाढ

पर्सा जिल्ला के जगरनाथपुर गाँवपालिका आर्थिक बरीस २०७७÷०७८ के निति तथा कार्जक्रम तय कईले बा ।

गाँवपालिका अध्यक्ष जालिम मियाँ के अध्यक्षता मे भईल गाँवसभा से शिक्षा, स्वास्थ्य, कृषि आ भौतिक पूर्वधार बिकास के प्राथमिकता मे राखत आवेवाला आर्थिक बरीस २०७७÷०७८ के निति तथा कार्जक्रम तय कईल प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत अमित कुमार गिरी जानकारी देहनी ।

गाँव सभा के निति तथा कार्जक्रम मे भौतिक सडक पूर्वधार के प्राथमिकता मे राखत पूर्वधार विकास मे जोड देवेके, किलास ८ से उपर के लईकालईकी के साईकिल देवेके, जेहन्दार विद्यार्थी आ बढिया नतिजा लियावेवाला विद्यालय के पुरस्कृत करेके, ५० शैया के अस्पताल निर्माण के खातिर पहल करेके, स्वास्थ्य संस्थासब के सुदृढ करत बढिया सेवा देवेके, पर्यटन प्रवर्धन के खातिर मठ, मन्दिर आ मस्जिद के सौन्दर्यकरण करेके लगायत रहल बा ।

गाउँ कार्यपालिका के कार्यालय जगरनाथपुर मे भईल सभा मे गाँवपालिका के उपाध्यक्ष बिशमिला खातुन निति तथा कार्जक्रम प्रस्तुत कईले रहनी ।

सभा मे सभी वार्ड के वार्ड अध्यक्ष, वार्ड सदस्य तथा सभी गाँव सभा सदस्यलोग के सहभागिता रहल रहे ।

असाढ १० गते तक करेवाला निति तथा कार्जक्रम पर्सा मे पहिलका जगरनथपुर गाँवपालिका के भईल जनावल गईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।