कलैया के नगर प्रमुख से मनमौजी कईल वार्ड अध्यक्षलोग के आरोप

प्रभु यादव

बारा १४ असाढ,

बारा जिल्ला कलैया उपमहानगरपालिका के नगरप्रमुख मनमौजी कईल वार्ड अध्यक्षलोग आरोप लगवले बाडन ।

नगरप्रमुख राजेश राय यादव कोरोना महामारी से लेके कर्मचारी भर्ना मे भी मनमौजी कईल आरोप वार्ड अध्यक्ष विक्रम यादव लगवले बानी ।

उपमहानगरपालिका से कईल नगरसभा मे कोरोना मे खर्च भईल रोपेया के हिसाव, कर्मचारी भर्ना के अभिलेख लगायत के विषय मे बुझेके खोजला पर ना बतईला से नगरसभा बहिष्कार कईल वार्ड अध्यक्ष यादव बतवनी ।

वार्ड अध्यक्ष के मुताविक नगरप्रमुख सँगे जनप्रतिनिधि बुझला पर नगरप्रमुख से जवाफ ना देहला पर उहाँ हाथपात भी भईल वार्ड अध्यक्ष यादव बतवनी । को

महामारी मे भईल खर्च पारदर्शिता होखेके उलोग अडान रखले बाडन ।

नगरपरिषद मे भईल छलफल जनप्रतिनिधि के अगाडि लिखेके आ प्रमाणिकरण करेके जनप्रतिनिधि से अडान रखले बाडन ।

कईसन विडम्बना बा उपमहानगरपालका मे, कहिया से एम्बुलेन्स नइखे ।

लाज लागेके पडल नगरप्रमुख के, एगो एम्बुलेन्स किने ना सकल कईसन नगरप्रमुख सहजे अनुमान करे सकेके वार्ड अध्यक्ष यादव बतवनी ।

कोरोना महामारी मे प्रदेश २ से २० लाख, नगर से २० लाख रकमान्तर कईल माकिर कहाँ खर्च भईल ओकर अभी तक हिसाब किताब पारदर्शी ना भईल यादव के आरोप बा ।

२ करोड रकामन्तर कईल गईल अभी तक कउनो समिति बने ना सकल सिकाईत उलोग कइनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।