ठोरी गाँवपालिका ३ ओडार के क्वारेन्टाइन से ८ जने घर गईलें

मेघराज राय
जीराभवानी १५ असाढ
ठोरी गाँवपालिका वार्ड नम्बर ३ के क्वारेन्टाइन मे रहल ८ जने के आजु घर पठावल गइल बा ।
क्वारेन्टाइन मे रहललोग के पिसिआर रिपोर्ट नेगेटिभ अईला के बाद आजु घर पठावल गईल बा ।
भारत आ दुबई के अनेकन जगहा से आईल उलोग दु हप्ता से बेसी समय से क्वारेन्टाइन मे रहलन ।
जेठ ३२ गते क्वारेन्टाइन मे रहल उलोग के स्वाब नमूना सङ्कलन कईला पर भी वीरगंज स्थित नारायणी अस्पताल मे परीक्षण मे देरी भईला के चलते नेपाली सेना धुलिखेलस्थित कोरोना परीक्षण प्रयोगशाला से परीक्षण करवले रहे ।
उ परीक्षण मे नेगेटिभ रिपोर्ट आईललोग के आजु गा.पा. अध्यक्ष पद्मलाल श्रेष्ठ, वार्ड नम्बर ३ के वार्ड अध्यक्ष सुर्याबहादुर लामा, नेता बालकुमार बस्नेत लगायत के लोग खादा ओढाके फूल देत बिदाइ कईल स्वास्थ्य संयोजक रमेशराज थिङ बतवनी ।
ठोरी गापा के दीपकनगर प्राविधिक मावि मे १३ जने, सरस्वती मावि मे २, गृष्म आधारभूत विद्यालय मे २२, राष्ट्रिय मावि ओडार मे १४ जने आ ज्ञानज्योति मावि मे १० करके ५९ जने अभी भी ठोरी गाँवपालिका के अनेकन क्वारेन्टाइन मे रहल गाँवपालिका स्रोत जनवले बा ।






