ठण्का से बारा मे ४ जने जनानी के मृत्यू

प्रभु यादव

बारा१८ असार

बारा मे ठण्का लाग के ४ जने जनानी लोग के मृत्यू भईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय जनकारी करावले बा ।

बियफे के बिहनीया कलैया उपमहानगरपालिका वडा नम्बर १२ के सितलपुर आ फेटा गाँउपालिका वडा नम्बर १ के त्रिवेणी गाव के कर के ४ जने के मृत्यू भईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय के प्रहरी प्रवक्ता गौतम मिश्र जानकारी करावले बानी ।

मरेवाला सितलपुर के खेत मे धान रोपारनी करहल ३५ बरीस के आसादेवी महतो, ४५ बरीस के हलिमा खातुन रहल बाडी आ फेटा के त्रिवेणी मे घर पर ठण्का गरला से एके घर के ३० बरीस के र्ईन्दु देवी महतो, ४० बरीस के सुनारपति देवी महतो घटान स्थल मे मृत्यू भईल प्रवक्ता मिश्रजनकारी करावले बानी ।

ठण्का से फेटा मे ५ जने घायल भईल बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।