पर्सा मे ग्यास लिक होके आगलागी भईला पर एक जने बुढ के मृत्यु

वीरगंज १९ असाढ,
पर्सा के जगरनाथपुर गाँवपालिका–२ दशौता मे ग्यास के पाइप लिक होके आगलागी भईला पर एक जने बुढ के मृत्यु भईल बा आ आउर दु जने घायल भईल बाडन । आगलागी मे पर के ७५ बरीस के शारदा देवी कुशवाहा के मृत्यु भईल बा । आगलागी से गम्भीर घायल शारदा के ईलाज के समय मे भारतीय सीमावर्ती इनर्वा बजार मे बियफे के दिने सबेरे मृत्यु भईल इलाका प्रहरी कार्यालय पोखरीया के प्रहरी निरीक्षक चन्द्र सिंह जानकारी देहनी । स्थानीय गणेश साह कानु के घर मे ग्यास लिक होके आगलागी भईल रहे ।
आगलागी मे पर के गणेश के २२ बरीस के बेटा उमेश साह आ २० बरीस के पतोह मनिता देवी घायल भईल बाडि । घायललोग के सीमावर्ती भारत के इनर्वास्थित स्वास्थ्य संस्था मे ईलाज हो रहल बा । बुध के रात खाना बनावे के समय मे ग्यास के पाइप लिक होके आगलागी भईल रहे । भान्छा मे पेट्रोल भी राखल गईला के चलते आगी क्षण भर मे बडका रुप लेहले रहे । पुलीस के मुताविक आगलागी के बाद घर मे रहल आउर भागेमे सफल भईला पर भी बुढ उमिर के चलते शारदा भागे ना सकला से उ गम्भीर घायल भईल रहली । आगलागी से लत्ताकपडा, फर्निचर, अन्न करके करिब दु लाख रोपेया से बेसी के धनमाल भी जरके नोक्सान भईल अनुमान पुलीस कईले बा ।







