रौतहट में वनकर्मी पर हमला करे वाला आरोपी वीरगंज से पकडईले
रौतहट में वनकर्मी पर हमला करे वाला आरोपी वीरगंज से पकडईले

रौतहट २४ जेष्ठ
वन संरक्षण खातिर गश्ती पर निकलल टोली पर हमला करे वाला आरोपी राजकिशोर साह के पुलिस वीरगंज से गिरफ्तार क ले बिया। गुजरा नगरपालिका–२ मैढा गाँव निवासी २६ वर्षीय राजकिशोर साह के इलाका प्रहरी कार्यालय चन्द्रनिगाहपुर आ प्रहरी चौकी वीरगंज बिर्ता के संयुक्त टोली शनिचर साँझ लुकिछिपी रहल अवस्था में वीरगंज से पकड़ले बा।
जिला अदालत रौतहट से गिरफ्तारी पुर्जी जारी भइला के बाद पुलिस उनकर खोजी में जुटल रहल। फिलहाल आरोपी इलाका प्रहरी कार्यालय चन्द्रनिगाहपुर के हिरासत में बा। एह बात के जानकारी जिला प्रहरी प्रवक्ता डीएसपी वसन्त गौतम देले बाड़न।
घटना में डिभिजन वन कार्यालय के सहायक वन अधिकृत राजकुमार चौधरी, वन रक्षक सुरेन्द्र चौधरी, रङ्गपुर साझेदारी वन उपभोक्ता समिति के सदस्य अर्जुन चौधरी आ विमल थापा सहित गश्ती गाड़ी चालक अरविन्द पटेल घायल भइले रहलें।
बतावल जा रहल बा कि काठ चोरी के सूचना मिलला पर डिभिजन वन कार्यालय आ रङ्गपुर साझेदारी वन उपभोक्ता समिति के संयुक्त टोली १९ गते रात करीब साढ़े १२ बजे जंगल क्षेत्र में गश्ती खातिर गइल रहल, ओही दौरान राजकिशोर साह सहित के समूह वनकर्मी पर हमला क देले रहे।
सहायक वन अधिकृत राजकुमार चौधरी के जाहेरी के आधार पर राजकिशोर साह समेत के खिलाफ ज्यान मार्ने उद्योग मुद्दा दर्ज कइल गइल आ जिला अदालत रौतहट से गिरफ्तारी आदेश जारी भइल रहे।
वनकर्मी पर हमला के घटना बाद रौतहट के जंगल क्षेत्र में सक्रिय काठ तस्करी सञ्जाल आ वन सुरक्षाके विषय फेर चर्चा में आ गइल बा।






