एम्बुलेन्स भी चले सकेके अवस्था ना भईला के बाद ईटियाहीवासी रोडमे कईलें धान रोपाई

भोटा. संवाददाता
बारा १९ असाढ,
बारा के विश्रापुर गाँवपालिका– ५ इटियाही के मखन साह कानु के धान के बिया काटेके समय मे कुछ कटलख । साँप से काटल आशंका मे स्थानीय मरेजी लेजाए खातिर एम्बुलेन्स बोलवलें । एम्बुलेन्स बोलावल जगहा से आधा किलोमिटर दुर से हि फिर्ता गईल । स्थानीय साइकल मे राख के नेशनल मेडिकल कलेज मे पुगवलें । माकिर उनकर ईलाज के समय मे मृत्यु भईल । वर्षात भईल समय से हि सडक मे पाँकी भईल बा । मोटरसाइकल, साइकल मे मात्र ना, सर्वसाधारण के चलेमे भी समस्या बा ।
गर्भवती के भी अस्पताल लेजाए मे समस्या बा । सडक निर्माण मे सरोकारवाला निकाय से ध्यान ना देहल कहत स्थानीय शुक के दिने रोड मे हि धान रोप के विरोध प्रदर्शन कईले बाडन । पाँकी भईल रोड मे ट्याक्टर से जोत के उलोग सडक मे धान रोपले बाडन । सडक ना बनईला पर रोड मे धान फरा के गाँवपालिका के देवेके स्थानीय बतवले बाडन । स्थानीय, प्रदेश आ संघ सरकार गठन भईला पर भी खुदसब चलेवाला सडक केहु ना बनईला के बाद सडक मे धान रोप के विरोध प्रदर्शन कईल स्थानीय बतवले बाडन ।
स्थानीय वार्ड अध्यक्ष, गाँवपालिका अध्यक्ष के विरोध मे नाराबाजी करत प्रर्दशन कईला के साथे वार्ड कार्यालय मे ताला भी लगवले रहलन । वार्ड नं ५ के कार्यालय मे लगावल ताला खोलल बा । स्थानीय ओमप्रकाश साह वीरगंजस्थित नेशनल मेडिकल कलेज से फुलबरिया टोल जाएवाला सडक खण्ड मे पैदल चलेमे भी मुश्किल रहल बतवनी । स्थानीय सरकार आईल तीन बरीस बिते लागला पर भी सडक के दुःख ना हटल उनकर कहनाम बा । स्थानीय शिक्षक किनु गुप्ता सडक मर्मत ना भईला से सर्वसाधारण के बहुते समस्या हो रहल बतवनी । “घाम उगला पर धुरा के चलते हरान होखेनीसन, पानी पडला पर पाँकी से आवत जावत करेमे समस्या बा” कहत उ “ना गाँवपालिका मर्मत मे ध्यान देहले बा, ना केहु एक ट्याक्ट्र ग्रेभल गिरवले बाडन ।”
गाँवपालिका के अध्यक्ष अमिरिलाल पाल प्रदेश सरकार के बजेट मे उ सडकखण्ड निर्माण के ठेक्का लागल माकिर काम ना भईल बतवले बाडन । निर्माण कम्पनी ठेक्का सकार कईल तीन बरीस बिते लागला पर भी निर्माण ना कईल उनकर कहनाम बा । “पूर्वाधार कार्यालय आ ठेकेदार कम्पनी के प्रतिनिधि के बेर बेर सडक बनावे के कहला पर भी ना सुनलन । सडक ना बनला पर ४ गाँव के जनता के दुःख हो रहल बा आ हमनी के गारी देरहल बाडन” कहके बतवनी ।







