११ बरीस पहिले के हत्या घटना के अभियुक्त पकडईलें

भोटा. संवाददाता
बारा २२ असाढ,
बारा जिल्ला के फेटा मे ११ बरीस पहिले भईल शिक्षक हत्या के घटना के मुख्य अभियुक्त तिलक कहेवाला नन्दु बैठा पकडाईल बाडन । २०६६ वैशाख १७ गते साविक के गाविस फेटा–१ मे नेपाल राष्ट्रिय मावि के शिक्षक प्रदीपकुमार तिमिल्सिना के गोली मारके हत्या भईल रहे । घटना के बाद फरार रहल मुख्य अभियुक्त फेटा घर भईल कलैया उपमहानगरपालिका –१८ मे रहेवाला ४४ बरीस के बैठा के पुलीस आजु सबेरे १० बजे पकडले बा ।
“गाँव घर मे चोरालुका के रहत बाडन कहके विशेष सूचना के आधार मे खोजतलास करके नियन्त्रण मे लेहल गईल” बारा के प्रहरी प्रवक्ता डीएसपी गौतम मिश्र जानकारी देहनी । उनका के कानुनी प्रक्रिया पुगावे खातिर पुलीस बारा जिल्ला अदालत मे पेश कईले बा । उ हत्या घटना मे तिलक कहेवाला नन्दु बैठा, अग्नि कहेवाला सुनिल जैसवाल, बिजय पटेल आ रामनारायण सहनी समेत गोली प्रहार कईल पुलीस अनुसन्धानन से खुलल रहे । २०७० सावन २४ गते पकडाईल सुनील के अदालत जन्मकैद के सजाय सुनवले बा आ विजय पुर्पक्ष के खातिर थुना मे बाडन ।







