लागूऔषध गाँजा सहित एक जने पकडईलें

भोटा. संवाददाता
वीरगंज २२ असाढ,
पर्सा के पटेर्वासुगौली गाँवपालिका से पुलीस २३ किलो अवैध लागूऔषध गाँजा सहित एक जने के पकडले बा । पुलीस पटेर्वासुगौली–१ सोनवर्षा रहेवाला २८ बरीस के किसुन मण्डल के पकडले बा ।
पुलीस स्थानीय सदै मियाँ के घर मे लुकाके गाँजा राखल अवस्था मे मण्डल के पकडले रहे । सदै मियाँ के घर से बरामद भईल गाँजासहित मण्डल के जरुरी अनुसन्धान के खातिर जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा मे राखल बा । घटना के बारे मे आउर अनुसन्धान हो रहल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रवक्ता डिएसपी मनोजित कुँवर जानकारी देहनी ।
एहितरे पर्सा के पोखरिया नगरपालिका से पुलीस १२ गो भईस आ पाडा नियन्त्रण मे लेहले बा । पोखरिया–१० बैरिया विर्ता से ४ गो भईस आ ८ गो पाडा नियन्त्रण मे लेहले बा । भारत से भन्सार छली नेपाल ओरी लिया रहल अवस्था मे भईस आ पाडा नियन्त्रण मे लेहल इलाका प्रहरी कार्यालय पोखरीया जनवले बा । भईस आ पाडा के दाम २ लाख ६० हजार अनुमान कईल बा । पुलीस के मुताविक जरुरी कारबाही के खातिर भईस आ पाडा के वीरगंज भन्सार कार्यालय पर्सा मे बुझावल गईल बा । एहितरे बारा से पुलीस अवैध लागूऔषध गाँजासहित एक जने के पकडले बा । जितपुरसिमरा उप–महानगरपालिका–८ लोसण्डा रहेवाला २८ बरीस के पाचु पासवान पकडाईल बाडन । उनकर साथ से ७ किलो ५ सय ग्राम गाँजा बरामद भईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा जनवले बा ।
इलाका प्रहरी कार्यालय सिमरा बारा के टोली उनका के एतवार के रात साढे ११ बजे के समय मे नियन्त्रण मे लेहले रहे । आजु बारा जिल्ला अदालत से ५ दिन के म्याद थप करके आउर अनुसन्धान काम अगाडि बढावल उ बतवनी ।






