छिपहरमाई गाँवपालिका के १० वाँ गाँवसभा पुरा

भोटा. संवाददाता

पोखरिया २४ असाढ,

पर्सा जिल्ला के छिपहरमाई गाँवपालिका के १० वाँ गाँवसभा आजु पुरा भईल बा । गाँवसभा के प्रमुख अतिथि स्थानिय समाजसेवी पहलाद गुप्ता उदघाटन कईले रहनी । गाँवपालिका गाँवसभा से आर्थिक बरीस २०७७/०७८ को बजेट ४० करोड ७१ लाख ८८ हजार आठ सय सतहतर रोपेया बराबर के बजेट गाँवपालिका के प्रमुख प्रसाशकिय अधिकृत देवनाथ साह प्रस्तुत कईले रहनी । छिपहरमाई गाँवपालिका के गाँवसभा गाँवपालिका कार्यालय के सभा हल मे पुरा भईल बा ।

गाँवसभा मे गाँवपालिका के सभी वार्ड के योजना प्रस्तुत कईले रहनी । २०७६/०७७ के बजेट मे छिपहरमाई गाँवपालिका मे जन्म लेवेवाली लइकी के दु लाख के बालिका स्वर्ण बिमा के निरन्तर्ता कईल बा । अभी के बजेट मे बिषेश प्राथमिकता शिक्षा, स्वास्थ्य, कृषि, सिचाई, बिपद ब्यवस्थापन, रोजगार, भौतिक पुर्वधार लगायत मे जुडल गाँवपालिका अध्यक्ष मनोज कुमार गुप्ता बतवनी । छिपहरमाई गाँवपालिका के बिकास मे स्थानिय जनसमुदाय, जनप्रतिनिधि आ कर्मचारीलोग के सहजोग के चलते बिकास गति लेहला मे सभी के धन्यबाद देहनी । छिपहरमाई गाँवपालिका के बिकास काम मे सभी पार्टी से सहकार्य करके अगाडि बढेके प्रतिबद्धता जनावत सभी के सहजोग मिलला पर देश के नमुना गाँवपालिका बनावेके दाबी भी कईनी ।

नेपाल सरकार से सर्शत अनुदान अन्तर्गत रु १२ करोड ८२ लाख, समाजिक सुरक्षा अनुदान ६ करोड, बितिय समानिकरण १० करोड ८८ लाख ५१ हजार, राजस्व बाडफाँड ६ करोड २२ लाख, आन्तिक आय ७६ लाख, समपुरक ५४ लाख, लगायत ४० करोड ७१ लाख ८८ लाख ८ सय ७७ रोपेया के बजेट प्रस्तुत कईल बा । स्वास्थ्य, शिक्षा, कृषि पर्यटन, जनानी, लईकालइकी स्वर्ण बिमा के नियन्तरता देहल जाई । प्रदेश सरकार के बितिय समानिकरण अनुदान ७१ लाख ५१ हजार शशर्त अनुदान ८० लाख, बिषेश अनुदान २० लाख, समपुर्क अनुदान ३०लाख रहल बा । स्वास्थ्य, शिक्षा, पोषण, बाल संरक्षण तथा सरसफाइ विपद जोखिम न्यूनीकरण आ बाल केन्द्रित योजना कार्जक्रम के खातिर नेपाल सरकार आ आउर से आवेवाला अनुमानित बजेट जम्मा ४० करोड ७१ लाख ८८ हजार के बजेट अनुमानित आय प्रसाशकिय अधिकृत साह जनवले रहनी ।

गाँवपालिका अध्यक्ष मनोज कुमार गुप्ता के अध्यक्षता मे भईल गाँवसभा मे उपाध्यक्ष मोदिना खातुन, समसुल मियाँ, ज्ञानबहादुर साह, जिल्ला समन्वय समिति पर्सा के सदस्य सुबास साह, वार्ड अध्यक्ष राजबली प्रसाद यादव, महेन्द्र साह कलवार, बिनोद साह कानु, बालक राउत गदी, मौजिलाल साह कानु, लगायत के सहभागीता रहल रहे । स्वास्थ्य संयोजक शम्भु प्रसाद साह से सञ्चालन कईल कार्जक्रम मे स्वास्थ्य संयोजक शम्भु प्रसाद गुप्ता, ईन्जिनियर प्रगास कुमार गुप्ता, लेखापाल सागर मराठा, योजना प्रसांत कुमार गुप्ता, आईटी औफिसर संजिव यादव, कृषी के भुलन प्रसाद, शिक्षा प्रमुख सृजना बुढाथोकी लगायत के सहभागीता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।