राम के जन्मभुमी ठोरी भईल प्रधानमन्त्री के अभिव्यक्ति के बाद स्थानीय खुसी

मेघराज राय
जीराभवानी ३१ असाढ
प्रधानमन्त्री केपी शर्मा ओली भगवान राम के जन्मभुमि पर्सा के ठोरी भईल अभिव्यक्ति देहला सँगे ठोरीबासी खुसी भईल बाडन ।
ठोरी के अयोध्या माने सकेवाला तथ्यसब पर्याप्त रुप मे रहल जानकारलोग बतवले बाडन ।
कौशिक ऋषि के आश्रम कोशी के ओरी रहल, वशिष्ठ ऋषि के आश्रम देवघाट मे रहल, वाल्मीकि ऋषि के आश्रम भी इहे आसपास मे रहल, रामायण मे उल्लेख भईल सुमेरु पर्वत इहे क्षेत्र मे रहल, सीतागुफा रहल, लवकुश के जन्मस्थल इहे आसपास मे रहल, अयोध्यापुरी नाम कईल स्थल रहला से ठोरी हि भगवान राम के जन्मभूमि होखे सकेके आधार के रुप मे लेवे सकेके जानकारलोग बतवले बाडन ।
रामायण मे उल्लेख भईल सरयु नदी के नाम अपभ्रशं होके रियु नदी भईल अनुमान लगावल जा सकता आ रामायण मे उल्लेख भईल दोसर तम्सा नदी इहे क्षेत्र के आसपास मे रहला से भी प्रधानमन्त्री ओली के अभिव्यक्ति सत्य तथ्य मे आधारीत बा कहके बतावे सकेके स्थानीयलोग बतवले बाडन ।
प्रधानमन्त्री ओली के अभिव्यक्ति सँगे ठोरी के ऐतिहासिक धार्मिक स्थल पहिचान करके धार्मिक पर्यटकीय स्थल घोषणा करेके माग सम्बोधन होखेमे स्थानीय आशावादी बनल बाडन ।
अभी चर्चा मे अईला पर भी एकरा से पहिले से हि ठोरी मे रहल सीता गुफा परिसर मे सीताजयन्ती, बियाह पंचमी तथा रामनवमी के दिन मे धार्मिक कार्जक्रम करके मनावल जाला ।
ठोरी गाँवपालिका आर्थिक बरीस २०७७÷०७८ के बजेट मे भी सीतागुफा मे धार्मिक उत्सव मनावे खातिर बजेट बिनियोजन भी कर चुकल बा ।






