अनेकन पार्टी छोड के दर्जनो आदमी जनता समाजवादी मे अईलें

वीरगंज ०३ सावन
पर्सा मे अनेकन पार्टी छोड के दर्जनो आदमी जनता समाजवादी पार्टी मे प्रवेश कईले बाडन ।
वीरगंज मे आयोजना कईल एगो कार्जक्रम के बिच पर्सागढी नगरपालिका के स्थानीय जनानी आ पुरुष करके पाँच दर्जन से बेसी आदमी नेकपा, कांग्रेस पार्टी छोड के जनता समाजवादी पार्टी मे प्रवेश कईले बाडन ।
कार्यक्रम का प्रमुख अतिथि प्रदेश सभा सदस्य तथा जनता समाजवादी पार्टी के केन्द्रिय सदस्य प्रहलाद गिरी नव प्रवेशीलोग के अबीर तथा फुलमाला पहिना के स्वागत कईले रहलन ।
कार्जक्रम मे प्रदेश सभा सदस्य गिरी जनता समाजवादी पार्टी देश के तिसरका बडका दल भईल बतावत देशभर हि जनता समाजवादी पार्टी उपर जनलहर बढल बतवनी ।
अभी केपी ओली के सरकार नागरिकता तथा राष्ट्रियता के मुद्दा उठावल आड मे सरकार टिकावे के अस्त्र बाहेक आउर कुछो हासील ना होखेके दाबी करत सरकार से कईल भ्रष्टाचार लुकावे खातिर जनता के ध्यान आउर विषय ओरी मोड के नयाँ नाटक मंचन शुरु कईल आरोप लगवनी ।
जनता समाजवादी पार्टी पर्सा के अध्यक्ष रामनरेश प्रसाद यादव के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे प्रदेश सभा सदस्य करिमा बेगम, भिमा यादव, पार्टी के नेता विन्देश्वर यादव, उपाध्यक्ष बासुदेव यादव, सुन्दर कुर्मी, पर्सागढी नगरपालिका वार्ड नं. ५ के वार्ड अध्यक्ष असलम आलम, अशोक यादव, नगर अध्यक्ष शेख खुर्सेद, जितेन्द्र यादव लगायत के सहभागीता रहल रहे ।
कार्जक्रम के सहजीकरण जिल्ला सचिव तबरेज अहमद कईले रहनी ।





