पर्सा के नौरंगी नदी मे डुब के एक जने के मृत्यु

वीरगंज ०७ सावन
पर्सा के जगरनाथपुर गाँवपालिका मे पौडी खेलेके समय मे डुब के एक जने किशोर के मृत्यु भईल बा ।
जगरनाथपुर–६ माधोपुर रहेवाला १६ बरीस के कृष्ण पटेल के मृत्यु भईल बा ।
मंगर के सँझिया ५ बजे जगरनाथपुर–६ स्थित नौरंगी खोला मे पौडी खेलेके समय मे डुब के पटेल वेपत्ता भईल रहलन ।
खोजतलास के समय मे एक घन्टा के बाद उनकर लास मिलल इलाका प्रहरी कार्यालय पोखरिया के प्रहरी निरीक्षक चन्द्र सिंह जानकारी देहनी ।
एहितरे लालबकैया नदी मे आईल बाढ से दहवईला पर रौतहट के कटहरिया मे एक जने के मृत्यु भईल बा ।
कटहरिया नगरपालिका– १ भसेडवा मे २५ बरीस के बैजु यादव के नदी से दहवावल रौतहट के प्रहरी प्रवक्ता डीएसपी भरत श्रेष्ठ बतवनी ।
बाढ से लियावल लकडी निकाले के समय मे उनका के पानी से दहवावल उ जानकारी देहनी ।
मंगर के दिने चन्द्रपुर नगरपालिका– ३ गैडाटार मे चादी नदी से दहवा के ५८ बरीस के सुकमान थिङ्ग मृत अवस्था मे मिलल रहलन ।
एकरा सँगे रौतहट मे बाढ के चलते मृत्यु होखेवाला के संख्या दु पुगल डीएसपी श्रेष्ठ बतवनी ।






