अबैध दारु भट्टी पुलीस नोक्सान कईलख

वीरगंज ०७ सावन,
पर्सा जिल्ला के बहुदरमाई नगरपालिका मे पुलीस अवैध दारु उत्पादन करेवाला दु गो दारु भट्टी नोक्सान कईले बा ।
बहुदरमाई नगरपालिका– ७ बहुअर्वाभठ्ठा रहेवाला प्रभु साह कलवार से सञ्चालन कईल दारु भट्टी नोक्सान कईल बा ।
विशेष सूचना के आधार मे मंगर के सबेरे ४ बजे के समय मे गईल पुलीस टोली कलवार से सञ्चालन कईल दु गो दारु भट्टी नोक्सान कईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा जनवले बा ।
भट्टी नोक्सान करेके समय मे २ सय लिटर तइयारी दारु आ ३५ सय लिटर कच्चा पदार्थ नोक्सान कईल पुलीस जनवले बा ।






