सांसद कोष से शंकराचार्य प्रवेशद्वार मे राष्ट्रिय झण्डा

वीरगंज ०९ सावन
भारत से नेपाल आवेवाला मुख्य नाका वीरगंज के शंकराचार्य प्रवेशद्वार मे १ सय १० फिट उँच नेपाल के राष्ट्रिय झण्डा फहरावल गईल बा ।
पर्सा निर्वाचन क्षेत्र नं. १ के प्रतिनिधिसभा सांसद प्रदीप यादव के निजी खर्च आ संसदीय कोष से करके १३ लाख ६२ हजार के लागत मे मुख्य नाका मे १ सय १० फिट उँच राष्ट्रिय झण्डा हलावल बा ।
जिल्ला के सुरक्षा निकाय के प्रमुखलोग के उपस्थिति मे आजु सांसद यादव झण्डा के उदघाटन कईले रहनी ।
भारत के रक्सौल से वीरगंज आवेवाला मुख्य नाका इनर्वास्थित शंकराचार्य प्रवेशद्धार के अगाडि १ सय १० फिट उँच लोहा के टावर (पोल) बना के ओमे ३० फिट लम्बाइ आ १५ फिट चौडाइ के नेपाली राष्ट्रिय झण्डा लगावल बा ।
स्थानीय पूर्वाधार विकास साझेदारी कार्जक्रम निर्वाचन क्षेत्र नम्बर १ पर्सा के विकास कोष से १० लाख आ आपन निजी ३ लाख ६२ हजार रोपेया के लगानी मे नेपाली राष्ट्रिय झण्डा सहित के फ्ल्याग टावर निर्माण कईल सांसद यादव बतवनी ।
भारत से नेपाल आवेवाला देश के मुख्य नाका मे नेपाल आ नेपाली के पहिचान आ शान के झल्को देवेवाला नेपाली राष्ट्रिय झण्डा सहित के फ्ल्याग टावर निर्माण कईल सांंसद यादव बतवनी ।
सीमा नाका मे लगावल नेपाली झण्डा से नेपाल आ नेपाली के पहिचान के आउर सशक्त बनावल कहत उ झण्डा से नेपाली के शान आ गौरव आउर बढावल बतवनी ।
सांसद यादव सीमानाका के मितेरी पुल से वीरगंज भन्सार होत रजतजयन्ति चोक तक के जीर्ण सडक इहे आर्थिक बरीस मे खुद मर्मत सम्भार करावे के घोषणा भी कइनी ।
समाजवादी पार्टी पर्सा के नेता राम नरेश प्रसाद यादव के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे पर्सा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी विष्णु कार्की, प्रहरी उपरीक्षक गंगा पन्त, जिल्ला समन्वय समिति पर्सा के सभापति नेक महम्मद अन्सारी, नेता तबरेज अहमद, वींरगंज १६ के कार्यवाहक वार्ड अध्यक्ष सुनीता देवी लगायत के सहभागीता रहल रहे ।





