नेपाल भारत सीमा मे झडप, एक राउण्ड हवाई फायर

रौतहट १० सावन

परोहा नगरपालिका–८ नरकटिया के नेपाल भारत सीमा क्षेत्र मे झडप भईल बा ।

सीमा क्षेत्र मे ड्युटी मे खटल सशस्त्र पुलीस बल के सुरक्षाकर्मीलोग उपर भारतीय पक्ष हाथपात कईला के बाद झडप भईल बा ।

कोरोना भाइरस के संक्रमण फईले ना देवे खातिर १० चईत, २०७६ से सीमा नाका बन्द बा ।

माकिर भारतीय जनानीलोग घाँस काटे खातिर नेपाल ओरी प्रवेश करेके खोजला के बाद सशस्त्र प्रहरी बल के जवानलोग रोकले रहलन ।

माकिर उलोग सुरक्षाकर्मी उपर हाथपात करेके खोजला के बाद विवाद भईल रहे ।

उ समय मे भारत के पूर्वी चम्पारण कवैया पञ्चायत ६ खर्सलाहा के सीमा देवी कुशवाहा खुद से राखल हँसुवा चलईला पर सशस्त्र पुलीस के एक जवान घायल भईल बाडन ।

झडप के समय मे भीड के तितरवितर बनावे खातिर एक राउण्ड हवाई फायर करेके पडल सशस्त्र प्रहरी बल ११ नम्बर गण जनवले बा ।

घटना उग्ररुप लेहला के बाद ११ नम्बर गण हेडक्वाटर से ५० जने आ ईलाका प्रहरी कार्यालय मौलापुर से ३५ जने सुरक्षाकर्मी के टोली परिचालन भईल रहे ।

सशस्त्र प्रहरी बल २ छिन्नमस्ता बाहिनी के डीआईजी कृष्णभक्त ब्रहृमचार्य भी घटनास्थल पुगल रहलन ।

घटना मे संलग्न भारतीय नागरिक रविन्द्र प्रसाद कुशवाहा के पकड के पुलीस चौकी, नरकटिया मे राखल रहे ।

अभी सीमाक्षेत्र के अवस्था सामान्य रहल सशस्त्र पुलीस बतवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।