कोरोना संक्रमण से वीरगंज मे आउर दु जने के मृत्यु

वीरगंज १४ सावन
वीरगंज मे बुध के दिने कोरोना संक्रमण के चलते आउर २ जने के मृत्यु भईल बा ।
वीरगंज के गण्डकस्थित कोबिड अस्पताल मे १ जने आ नेशनल मेडिकल कलेज मे १ जने के बुध के दिने मृत्यु भईल बा । दुनु जने वीरगंज के स्थानीय हि हउवन ।
कोबिड अस्पताल के आइसोलेसन मे ईलाज करा रहल वीरगंज महानगरपालिका–५ रेशमकोठी के ६८ बरीस के बुढ के बुध के दिने सबेरे पौने ११ बजे मृत्यु भईल नारायणी अस्पताल के मेसु डाक्टर मदन उपाध्याय पुष्टि कईले बाडन ।
सावन ८ गते कोबिड अस्पताल के आइसियु मे भर्ना कईल उनकर बुध के सबेरे मृत्यु भईल उपाध्याय जानकारी देहनी ।
मुटु के रोगी रहल उ बुढ के स्वास्थ्य मे समस्या भईला के बाद सावन ६ गते वीरगंज के एडभान्स अस्पताल मे लेजाके भर्ना कईल रहे ।
ईलाज के समय मे कोरोना के आशंका भईला के बाद एडभान्स अस्पताल मे उहे दिन उनकर स्वाब संकलन करके पिसिआर परिक्षण के खातिर नारायणी अस्पताल के प्रयोगशाला मे पठावल गईल रहे ।
प्रयोगशाला सावन ७ गते देहल रिपोर्ट मे पोजेटिभ देखल गईला के बाद उनका मे कोरोना संक्रमण भईल पुष्टि भईल रहे ।
कोरोना संक्रमण पुष्टि भईला के बाद ८ गते सबेरे ११ बजे उनका के कोबिड अस्पताल मे भर्ना कईल गईल रहे ।
बुध के दिने हि वीरगंज के नेशनल मेडिकल कलेज मे ईलाज करा रहल बीरगंज महानगरपालिका–६ माईस्थान के ७० बरीस के बुढ के भी कोरोना के चलते मृत्यु भईल बा ।
नेशनल मेडिकल कलेज मे ईलाज के समय मे बुध के सबेरे साढे २ बजे मृत्यु भईल उ बुढ मे बुध के सँझिया मात्र कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल नारायणी अस्पताल के मेसु उपाध्याय जानकारी देहनी ।
उनका मुताविक एक हप्ता पहिले पेटझरी भईला पर वीरगंज हेल्थ केयर हस्पिटल मे ईलाज के खातिर पुगल उ बुढ के आउर ईलाज के खातिर तराई हस्पिटल मे लेगईल रहे ।
उहाँ ईलाज सम्भव ना भईला के बाद उ बुढ के वीरगंज के बयोधा अस्पताल मे ईलाज के खातिर लेगईला पर उहाँ पिसिआर रिपोर्ट मागल गईला से उनका के मंगर के दिने नारायणी अस्पताल मे लेगइल रहे ।
माकिर स्वास्थ्य अवस्था जटिल भईल आ नारायणी अस्पताल मे आइसियु सेवा ४ दिन पहिले से हि बन्द रहला के चलते उनकर स्वाब संकलन मात्र करके उनका के मंगर के सँझिया नेशनल मेडिकल कलेज मे पठावल गईल रहे ।
नेशनल उ सिकिस्त बुढ के आइसियु मे ना राख के आकस्मिक उपचार कक्ष मे भर्ना करके ईलाज कईल आ ईलाज के समय मे उनकर बुध के दिने सबेरे साढे २ बजे मृत्यु भईल मेसु उपाध्याय जानकारी देहनी ।
सबेरे साढे २ बजे हि मृत्यु भईला पर भी पिसिआर परिक्षण के रिपोर्ट बुध के सँझिया साढे ५ बजे मात्र आईल आ रिपोर्ट पोजिटिभ रहल मेसु उपाध्याय बतवनी ।
वीरगंज मे कोरोना संक्रमण के चलते मृत्यु होखेवाला ेक संख्या १० पुगल बा । सावन एने मात्र ७ जने के मृत्यु भईल बा ।
पर्सा के सहायक प्रमुख जिल्ला अधिकारी ललित बस्नेत के मुताविक वीरगंज मे अभी तक मृत्यु भईल १० संक्रमित मेसे पर्सा के ५, बारा के ३ आ रौतहट के १ जने बाडन ।
वीरगंज मे २ महिना पहिले लावारिस मिलल एक संक्रमित शव के अभी तक भी पहिचान खुले नइखे सकल ।






