वीरगंज हेल्थ केयर मे भी अब कोरोना संक्रमित के ईलाज होखी

वीरगंज १७ सावन,
संक्रमित के संख्या बढला सँगे वीरगंज के एक निजी स्वास्थ्य संस्था के अस्थायी कोभिड अस्पताल बनावल गईल बा ।
अस्थायी कोभिड अस्पताल के रूप मे सञ्चालन करे खातिर वीरगंज हेल्थ केयर हस्पिटल आ नारायणी अस्पतालबीच शनिचर के दिने सम्झौता भईल बा ।
सम्झौता मे हस्पिटल के सञ्चालक अबुलहैस अन्सारी आ नारायणी के मेडिकल सुपरिटेन्डेन्ड डा मदन उपाध्याय हस्ताक्षर कईले बाडन ।
पर्सा के सहायक प्रमुख जिल्ला अधिकारी ललितकुमार बस्नेत कहनी कि, ‘जिल्ला मे लक्षण सहित के कोभिड–१९ संक्रमित के संख्या बढ रहल बा । एकरा के ध्यान मे राख के ई सम्झौता कईल बा ।’
अब लक्षण सहित के मरेजीलोग के अस्पताल मे भर्ना कईला के साथे ईलाज व्यवस्थापन सुरु करेके उ बतवनी ।
पर्सा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी विष्णुकुमार कार्की के अध्यक्षता मे बियफे के दिने बईठल जिल्ला संकट व्यवस्थापन केन्द्र के बईठक से वीरगंज हेल्थ केयर हस्पिटल के अस्थायी कोभिड अस्पताल के रुप मे सञ्चालन करे खातिर उपरला निकाय से अनुमति कईले रहे ।
सय शैया के हेल्थकेयर मे ८ गो भेन्टिलेटर, २६ गो आईसीयू सुविधा बा ।
उ पर्सा सँगे बारा, रौतहट सहित प्रदेश २ के गम्भिर संक्रमितलोग के राख के ईलाज करे सकेके चिकित्सकलोग बतावेलन ।
माकिर आउर आइसोलेसन सेन्टर जोहो करेके कोरोना विशेष अस्पताल के संयोजक डा. उदयनारायण सिंह बतवनी ।
‘हेल्थकेयर मे क्रिटिकल केस म्यानेज कईल जा सकता, माकिर वीरगंज मे संक्रमित के संख्या निरन्तर बढ रहला से आउर आइसोलेसन सेन्टर के बन्दोबस्त करेके पडि’ कहके बतवनी ।
सम्झौता मुताविक वीरगंज हेल्थकेयर नारायणी अस्पताल से सिफारिस कईल संक्रमितलोग मात्र राखी ।
स्वास्थ्यकर्मी के तलब, भत्ता, दवाई उपकरण हस्पिटल स्वयं सही आ ईलाज अनुदान सम्बन्धी आदेश २०७७ मे तोकल रोपेया नारायणी अस्पताल मार्फत प्रदान करी ।






