रक्षाबन्धन से हमनी सभी के एकसूत्र मे बान्हेमे अभिप्रेरित करी मुख्यमन्त्री पौडेल

वाग्मती, १९ सावन

वाग्मती प्रदेश के मुख्यमन्त्री डोरमणि पौडेल रक्षाबन्धन, जनैपूर्णिमा लगायत के चाडपर्व से हमनी सभी के एकतासूत्र मे बान्हके भ्रातृत्व भावना के विकास तथा मानवता के रक्षार्थ अभिप्रेरित करेके विश्वास व्यक्त कईले बानी ।

जनैपूर्णिमा के अवसर मे आजु एगो शुभकामना सन्देश जारी करत मुख्यमन्त्री पौडेल हरेक बरीस श्रावण शुक्ल पूर्णिमा के दिन मनावेवाला हिन्दू के महत्वपूर्ण धार्मिक तथा साँस्कृतिक पर्व रक्षाबन्धन तथा जनैपूर्णिमा के अवसर मे सभी मे सुख, शान्ति एवं समृद्धि के शुभकामना व्यक्त कईले बानी ।

“शुक्ल पूर्णिमा के दिन पुराना जनै बदल के नयाँ जनै धारण करेके तथा विधिवत् रक्षाबन्धन आ ऋषितर्पणी करके धुमधाम के साथ मनावेके हिन्दू समाज मे चलन बा”, पौडेल सन्देश मे उल्लेख कईले बानी ।

मुख्यमन्त्री पौडेल सन्देश मे विश्वव्यापीरूप मे फईलल कोरोना महामारी से जनजीवन मे प्रतिकूल असर पारल, निर्वाध चाडपर्व मनावे खातिर तथा दैनिक जीवन व्यवहार सञ्चालन करेमे भी असहजता सिर्जना कईल उल्लेख करत पिछिलका बेर वाग्मती प्रदेश के काठमाण्डु सहित आउर जिल्ला मे सङ्क्रमण बढल बतवले बानी ।

“यसर्थ कोरोना सङ्क्रमण के जोखिम के मध्यनजर करत सरकार बुढ तथा लईकालइकी के घर मे रहे खातिर निहोरा कईले बा आ सुरक्षात्मक मापदण्ड परिपालना करे खातिर आम नागरिक के सजग करावत आईल बा”, पौडेल सन्देश मे कहले बानी ।

उ सङ्क्रमण के अवस्था के विश्लेषण करके प्रदेश सरकार जरुरत मुताविक आउर कदम भी अगाडि बढावेके पडि कहत मानवजात के चुनौती के रूप मे देखाई देहल ई भाइरस के विरुद्ध के लडाइँ मे संयमता, धैर्य आ आत्मविश्वास के कायम राखत सुरक्षात्मक मापदण्ड के अनुसरण करे सकला पर विजयी होखेके उल्लेख कईले बानी ।

“रक्षाबन्धन, जनैपूर्णिमा लगायत के चाडपर्व से हमनी सभी के एकतासूत्र मे बान्हेके, भ्रातृत्व भावना के विकास तथा मानवता के रक्षार्थ अभिप्रेरित करेके विश्वास सहित सभी नेपाली दिदीबहिन तथा दाजुभाइ मे रक्षाबन्धन तथा जनैपूर्णिमा के शुभकामना व्यक्त करत बानी”, पौडेल सन्देश मे उल्लेख कईले बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।