मुख्यमन्त्री कार्यालय के ६ कर्मचारी मे कोरोना संक्रमण

जनकपुरधाम १९ सावन

प्रदेश २ के मुख्यमन्त्री कार्यालय के ६ जने कर्मचारी मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

सोमार के दिने मुख्यमन्त्री कार्यालय के ६ जने कर्मचारी मे कोरोना संक्रमण देखल गईल धनुषा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी प्रेमप्रसाद भट्टराई जानकारी देहनी ।

उनका मुताविक उलोग २२ से ५२ बरीस उमिर समूह के बाडन ।

मुख्यमन्त्री कार्यालय मे खटल १ जने ट्राफिक पुलीस मे भी कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल उ बतवनी ।

प्रादेशिक अस्पताल जनकपुरधाम के दु जने चिकित्सक सहित १६ जने कर्मचारी मे भी कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल स्वास्थ्य निर्देशनालय के सह–निर्देशक विजय झा जानकारी देहनी ।

झा के मुताविक संक्रमित मेसे २ जने नर्स हउवन आ आउर कर्मचारी बाडन । उलोग २३ से ७२ बरीस उमिर समूह के बाडन ।

एहितरे, प्रादेशिक प्रयोगशाला के २ जने कर्मचारी मे भी कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

जनकपुरधामस्थित ग्लोबल आईएमई बैङ्क के तीन जने कर्मचारी मे भी कोरोना संक्रमण देखल गईल प्रजिअ भट्टराई बतवनी ।

उलोग के आउर विवरण पत्ता लगावे के काम हो रहल उ बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।