पर्सा मे सेना, पुलीस आ पत्रकार सहित आउर ७३ जने मे कोरोना पुष्टि

वीरगंज १९ सावन
पर्सा मे पत्रकार, नेपाली सेना, नेपाल पुलीस आ सर्वसाधारण सहित आउर ७३ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
वीरगंजस्थित नारायणी अस्पताल के पीसीआर प्रयोगशाला मे कईल परीक्षण मे उलोग मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
संक्रमित मेसे ६९ जने पर्सा के, ३ जने बारा के आ एक जने भारत के नागरिक बाडन ।
एकरा सँगे पर्सा मे जम्मा संक्रमित के संख्या ६ सय ८ पुगल बा ।
स्वास्थ्य कार्यालय पर्सा १८ सावन मे तईयार कईल रिपोर्ट मुताविक नारायणी अस्थायी कोभिड अस्पताल गण्डक मे ६१ जने, वीरगंज हेल्थ केयर मे ११ जने के राखल गईल बा ।
त्रिजुद्ध मावि मे १५, वीरगंज कारागार मे १२, सिद्धार्थ स्कुल मे २१, वगही प्राथमिक स्वास्थ्य केन्द्र पर्सागढी मे ४, होटल विजय ज्योती मे ३, सखुवा प्रसौनी मे २ आ पटेर्वासुगौली मे ४ जने के राखल गईल बा ।
६१ जने के राखल गईल जगहा सेमीआइसोलेसन सेन्टर मात्र ह ।
संक्रमित के संख्या बढत गईला के बाद लक्षण सहित के संक्रमित के मात्र अस्पताल राखेके तईयारी कईल स्थानीय प्रशासन जनवले बा ।
आउर संक्रमित के सेमीआइसोलेसन आ होमआइसोलेसन मे राखेके कहल गईल बा ।
१ सय ९३ जने अभी भी आइसोलेसन सेन्टर बाहर बाडन ।
वीरगंज मे १ सय ४२, सखुवाप्रसौनी मे २, बहुदरमाई, छिपहरमाई, जगरनाथपुर आ पोखरिया मे १÷१ जने संक्रमित होम आइसोलेसन मे बाडन ।
होम आइसोलेसन कहला पर भी मापदण्ड मुताविक भईल ना भईल अनुगमन करेके संयन्त्र बनाके परिचालन कईल नइखे ।
एतवार ४ सय ९० जने के थ्रोट स्वाब नमुना परीक्षण कईला पर ६१ जने पुरूष आ १२ जने जनानी मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल नारायणी अस्पताल के प्रमुख मेडिकल सुपरिडेन्टेन्ट मदन उपाध्याय बतवनी ।
संक्रमित होखेवाला मे १० बरीस के लइकी से ७७ बरीस के बुढ भी बाडन ।
एतवार के रात संक्रमण पुष्टि भईल ७३ जने मे पत्रकार, सुरक्षाकर्मी, मास ट्रेसिङ, एक घर एक परीक्षण, कन्ट्याक्ट ट्रेसिङ मे पडल, क्वारेन्टिन मे रहललोग रहल डा उपाध्याय बतवनी ।
श्रीपुर स्कुल मे मास ट्रेसिङ मे स्वाब देहल २६ जने, रेल्वे स्कुल मे एक घर एक परीक्षण के समय मे नमुना देहल ७ जने आ कन्ट्याक्ट ट्रेसिङ मे पडल २४ जने मे कोरोना संक्रमण देखल गईल बा ।
एहितरे मारुती फर्मा के १ जने भारतीय सहित ३ जने, नेपाल पुलीस के २ जने, नेपाली सेना के १ जने, पत्रकार १ जने मे कोरोना संक्रमण देखल गईल बा ।
सावन ८ गते से १७ गते तक कईल स्वाब संकलन के नतिजा निकालल गईल बा ।
अभी भी ५ सय से बेसी स्वाब नमुना परीक्षण करेके बाँकी रहल नारायणी अस्पताल पीसीआर ल्याब जनवले बा ।
संक्रमित आ मृतक के संख्या बढे लागला के बाद पर्सा मे जिल्लाभर हि निषेधाज्ञा जारी कईल बा । सावन १० से वीरगंज महानगर क्षेत्र भितर मात्र जारी कईल निषेधाज्ञा जिल्लाभर विस्तार कईल बा ।






