रौतहट मे एक जने वार्ड अध्यक्ष के मृत्यु

रौतहट १९ सावन

रौतहट मे एक जने वार्ड अध्यक्ष के मृत्यु भईल बा । ईशनाथ नगरपालिका वार्ड नम्बर ५ जटहरा के वार्ड अध्यक्ष ५५ बरीस के देवेन्द्र ठाकुर के एतवार के रात मृत्यु भईल बा ।

दु हप्ता से बोखार अईला के साथे सरदी खोकी लाग के बेमार भईल ठाकुर के ईलाज के खातिर एतवार के रात गौरस्थित एक निजी क्लिनिक मे लेजा रहल समय रास्ता मे हि मृत्यु भईल जिल्ला जनस्वास्थय कार्यालय के प्रमुख महेश साह बतवनी ।

जनस्वास्थ्य प्रमुख साह के मुताविक बितल रात उनका साँस लेवेमे समस्या भईला के बाद ईलाज के खातिर लेगईल रहे । रौतहट के पश्चिमी किनारा मे रहल इशनाथ नगरपालिका सब से बेसी कोरोना संक्रमित मिलल स्थानीय तह भी ह ।

तीन दिन पहिले कोरोना संक्रमण के आशंका मे उनकर आरडीटी परीक्षण कईला पर रिपोर्ट नेगेटिभ आईल रहे ।

पीसीआर परीक्षण के खातिर स्वाब संकलन के बाद सोमार के दिने हि उनकर अन्त्येष्टि कईल साह बतवनी । साह के मुताविक मृतक ठाकुर के परिवारजन तथा उनकर सम्पर्क मे आईललोग के कन्ट्याक ट्रेसिङ के आधार मे मंगर के दिने स्वाब संकलन करेके तइयारी हो रहल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।