कलैया अस्पताल के एक जने डाक्टर सहित ११ जने कोरोना संक्रमीत

प्रभु यादव

बारा २२ सावन

बारा के कलैया अस्पताल मे काम करेवाला एक जने डाक्टर सहित ११ जने मे कोरोना संक्रमित पुष्टि भईल बा ।

११ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल अस्पताल के मेडिकल सुपरिटेडेन्ट डा. विरेन्द्र मण्डल जानकारी करावले बानी ।

संक्रमित होखे मे ४ जने जनानी आ ७ जने मर्दाना रहल मण्डल जनकारी करावले बाडन ।

संक्रमित ११ जने मे से एक जने इमरजेन्सी मे खटेपाला डाक्टर, अस्पताल के फार्मेसी मे काम करेवाला कर्मचारी, पोस्टमार्टम के सुईपर, गाईनो मे काम करेवाला सुईपर लगायत के लोग रहल बा ।

संक्रमित सब के कलैया उपमहानगरपालिका वडा नं. ३ मे रहल गंगापुर मे रहल आइसोलेसन मे पठावेला तयारी कईल जारहल बा ।
सावन २० गते के दिन ९८ जने के स्वाब संकलन कर के परिक्षण जाँच के खातिर हेटौडा प्रयोगशाला मे पठावल गईल रहे ।

८४ जने के स्वाब जाँच के रिपोट आईल जवना मे से ११ जने मे कोरोना संक्रमण रिपोट पोजेटिभ आईल बा ।

अब बाँकी १४ जने के रिपोट आवे के रहल बारा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी रूद्र प्रसाद पण्डित जनकारी देहनी ।

जिल्ला मे लगावल गईल निशेधज्ञा के पालन करत सतर्कता अपनावे के प्रमुख जिल्ला अधिकारी समाजिक संजाल मे आग्रह कईले बानी ।

कलैया अस्पताल मे काम करेवाला लोग मे बढल कोरोना संक्रमित से नगरवासी सब मे तारास फैलल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।