नेशनल मेडिकल कलेज ईलाज करेके ना मानला पर एक मरेजी के मृत्यु

वीरगंज २२ सावन

जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा निजी अस्पताल के जनस्वास्थ्य मे खेलवाड ना करे खातिर सूचना जारी कईल दिन वीरगंज मे एक निजी अस्पताल के लापरबाही से मरेजी के मृत्यु भइल आरोप लागल बा ।

वीरगंज स्थित नेशनल मेडिकल कलेज ईलाज करेके ना मानला पर वीरगंज–११ श्रीपुर रहेवाला ६४ बरीस के चलितर महतो के मृत्यु भईल परिवारजन बतवले बाडन ।

बियफे के सबेरे ईलाज के खातिर नेशनल मेडिकल कलेज लेगईल माकिर भर्ना ना लेहला के चलते महतो के मृत्यु भईल दाबी परिवारजन के रहल बा ।

सावन २१ गते बुध के रात पैखाना मे खुन देखल गईल आ साँस लेवेमे भी समस्या भईला के बाद उनका के सबेरे ईलाज के खातिर नेशनल मेडिकल कलेज लेगईल रहलन ।

कोरोना संक्रमण ना भईल पुष्टि होखेवाला कागज देखईला पर भी कोभिड–१९ संक्रमित के आशंका मे नेशनल मरेजी के भर्ना लेवे ना मानल मृतक के भाइ शम्भु महतो जानकारी देहले बानी ।

‘भईया के स्वास्थ्य मे कुछ दिन एने समस्या देखल गईल रहे । बोखार आ हल्का खोकी भी रहे’ कहत उ, ‘सावन ११ आ १५ गते करके दु बेर पीसीआर परीक्षण भी करवनी । दु बेर के रिपोर्ट नेगेटिभ आईल बा ।

फिरभी नेशनल मेडिकल कलेज भर्ना लेवेके ना मनलख । भर्ना करावे खातिर आधा घण्टा जेतना कोशिस कईल गईल माकिर ना सकनी ।’

अस्पताल के गेट मे खटल कर्मचारी ‘एमडी से कहला पर मात्र भर्ना करेम ।’

कहके जवाफ देहल उ बतवनी । दु दिन पहिले हल्का बोखार आ खोकी लागला के साथे देह मे कमजोरी महशुस भईला के बाद उनका के नेशनल मे ईलाज के खातिर लेगईल रहनी ।

माकिर उ समय पीसीआर परीक्षण करा के लियावे के कहके फिर्ता पठावल महतो बतवनी ।

‘दु दिन पहिले लेगईला पर पीसीआर रिपोर्ट लेके आवेके कहले रहलन । वार्ड अध्यक्ष रिपोर्ट काल्हु मात्र हाथ मे देहनी ।

रिपोर्ट लेके गईला पर भी भर्ना करेके ना मनलन,’ कहत उ, ‘अस्पताल बाहर पुगला पर भी ईलाज ना मिलला के बाद भइया ई संसार छोडनी ।’

नेशनल मेडिकल कलेज के कोभिड फोकल पर्सन डा. असरफ हुसैन पीसीआर रिपोर्ट लेके आईल मरेजी के ईलाज ना करके फिर्ता कईल बात मे कउनो सत्यता ना भईल बतवले बाडन ।

‘पीसीआर रिपोर्ट नेगेटिभ आईल मरेजी के ओहितरे फिर्ता करेके ना मिली,’ कहत उ, ‘ई आरोप झुठा ह ।’ अस्पताल के बदनाम करे खातिर अईसन आरोप लगावल दाबी अस्पताल के बा ।

नेशनल मेडिकल कलेज के निर्देशक बसरुद्दिन अन्सारी खुद के ई विषय मे जानकारी ना भईल बतवले बाडन ।

‘बेसी बोखार आवेके लगायत कोभिड के लक्षण देखल गईल मरेजी के कोभिड अस्पताल मे लेजाएके कहनी ।

आउर के त अस्पताल मे ईलाज हो रहल बा’ कहत उ, ‘सबेरे घटल कहल घटना के बारे मे हमरा जानकारी नइखे । काथि बा बुझेम ।’

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।