प्रदेश २ मे कोरोना संक्रमित के संख्या ६ हजार से बेसी

जनकपुरधाम २७ सावन

प्रदेश २ मे कोरोना संक्रमित के संख्या ६ हजार से बेसी पुगल बा ।

पिछिलका २४ घण्टा मे आउर १७४ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईला सँगे प्रदेश २ मे संक्रमित के संख्या ६ हजार ६८ पुगल बा ।

पिछिलका २४ घण्टा मे सबसे बेसी पर्सा मे ६५ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

एहितरे रौतहट मे ४०, सर्लाही मे २१, धनुषा मे १८, महोत्तरी मे १०, सिराहा मे ९, बारा मे ७ आ सप्तरी मे ४ जने संक्रमित मिलल प्रदेश स्वास्थ्य निर्देशनालय के वरिष्ठ जनस्वास्थ्य प्रशासक विजय झा जानकारी देहनी ।

मंगर के संक्रमित लउकेवाला मे जनकपुरधास्थित मुक्तिनाथ बैंक मे कार्यरत २ जनानी सहित ६ जने कर्मचारी बाडन आ एनबी बैंक के एक जने कर्मचारी मे भी संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

कउन जिल्ला मे केतना संक्रमित ?
सामाजिक विकास मन्त्रालय के मुताविक प्रदेश २ के ८ जिल्ला मेसे रौतहट सब से बेसी कोरोना संक्रमित मिलल जिल्ला ह ।

रौतहट मे अभी तक १ हजार ३२७ जने मे संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

ओकरा बाद कोरोना से बेसी प्रभावित जिल्ला पर्सा रहल बा । पर्सा मे अभी तक १ हजार १०३ जने मे संक्रमण देखल गईल बा ।

तिसरका प्रभावित जिल्ला महोत्तरी रहल बा । महोत्तरी मे ९ सय २ जने संक्रमित मिलल बाडन ।

एहितरे धनुषा मे ८ सय ६९, सर्लाही मे ८ सय २७, सप्तरी मे ५ सय ५८, बारा मे २ सय ४५ आ सिराहा मे २ सय ३२ जने मे संक्रमण पुष्टि भइल बा ।

एहितरे भारत, काठमाण्डु, कैलाली आ रुपन्देही से आके संक्रमित होखेवाला के संख्या ५ रहल मन्त्रालय जनवले बा ।

प्रदेश २ मे ३० जने के मृत्यु
प्रदेश २ मे ३० जने कोरोना संक्रमित के मृत्यु भइल बा ।
सामाजिक विकास मन्त्रालय के मुताविक सबसे बेसी पर्सा जिल्ला मे १९ जने के मृत्यु भईल बा । धनुषा मे ३ जने के मृत्यु भईल बा आ सप्तरी, रौतहट आ बारा मे २÷२ तथा सिरहा आ महोत्तरी मे १÷१ जने के मृत्यु भईल मन्त्रालय जनवले बा ।

मंगर के दिने २९ जने कोरोना संक्रमित डिस्जार्च भईल बाडन । धनुषा मे २१ आ सप्तरी मे ८ जने डिस्जार्च भईल बाडन ।

एकरा सँगे प्रदेश २ मे डिस्जार्च होखेवाला के संख्या ३ हजार ४ सय १२ पुगल मन्त्रालय जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।