पचरौता नगरपालिका–१ मे १३ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि

प्रभु यादव
बारा २८ सावन
बारा जिल्ला के पचरौता नगरपालिका मे १३ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल स्वास्थ्य कार्यालय बारा जनवले बा ।
नगरपालिका सावन २३ गते १८ जने के स्वाब संकलन करके परिक्षण के खातिर हेटौडा पठईला मे बुध के दिने उ मेसे १३ जने मे कोरोना पोजेटिभ रिपोर्ट आईल स्वास्थ्य कार्यालय के प्रमुख रामनरेश यादव बतवनी ।
संक्रमित होखेवाला मे वार्ड नम्बर १ के ५५ बरीस के पुरुस, ३५, ६५, ४५ बरीस के जनानी, ६ बरीस के लइकी, २१, ४५ बरीस के जनानी, ५२, २०, ४०, ६० बरीस के पुरुष, ८ बरीस के लईका रहल प्रहरी प्रवक्ता गौतम मिश्र जानकारी देहनी ।
संक्रमितलोग के कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नम्बर ३ स्थित आइसोलेसन मे लियावे के काम हो रहल प्रवक्ता मिश्र बतवले बानी ।






