प्रदेश सदस्य सहित २२ जने मे कोरोना सक्रमण पुष्टि

प्रभु यादव
बारा ०२ भादो
बारा मे मंगर के दिने २२ जने मे कोरोना सक्रमण पुष्टि भईल बा । वीरंगज के नारायणी अस्पताल के प्रयोगशाला आ काठमाण्डु के राष्ट्रिय प्रयोगशाला टेकु मे भईल चेक जाँच के रिपोट आईल बारा मे २२ जने कोरोना संक्रमित भईल जनस्वास्थ्य कार्यालय बारा के प्रमुख रामनरेश यादव जानकारी करवले बानी ।
सिम्रौनगढ नगरपालिका मे ६ जने, प्रसौनी गाँवपालिका मे ५ जने, आन्त्रिक राजश्व कार्यालय सिमरा के कर्मचारी ५ जने, शस्त्र प्रहरी पिलुवा के जवान ३ जने, हेल्थ के कर्मचारी एक जने आ बारा के एक जने प्रदेश सभा सदस्य सहित २२ जने कोरोना सक्रमित भईल प्रमुख यादव जानकारी करवले बानी ।
बारा जिल्ला मे अभितक चार सय ६५ जने के कोरोना सक्रमित भईल जवना मे से एक सय ९९ जने ठिक होके घर लवटल बा अउरी सात जने के मृत्यु भईल प्रमुख यादव जानकारी करावले बानी ।
कलैया उपमहानगरपालिका के वार्ड नम्वर ३ गंगापुर मे रहल आसुलेसन मे ५९ जने, हाउस आइसुलेसन मे एक सय ६५ जने आ जिल्ला से बाहर १८ जने आइसुलेशन मे रहल यादव जनकारी करावले बानी ।
बारा जिल्ला प्रशासन कार्यालय से जारी कईल गईल निशेधज्ञा के जनता सब पालना ना करहल अवस्था भईला से बारा बासी मे चिन्ता बढरहल जनकार लोग कहरहल बा ।






