हत्या आरोपी १० बरीस के बाद पकडईलें

जनकपुरधाम ३ भादो
सिराहा के मिर्चेया नगरपालिका–५ के वीरेन्द्रकुमार यादव के हत्या आरोपी १० बरीस के बाद पकडाईल बाडन ।
पकडाएवाला मे मिर्चेया नगरपालिका–९ रहेवाला ३० बरीस के लालकुमार साह रहल बाडन ।
२०६७ साल असाढ ११ गते गोली प्रहार से यादव के हत्या भईल रहे ।
साह के जनकपुरधाम उपमहानगरपालिका–१ स्थित वकील टोल से मंगर के दिने नियन्त्रण मे लेहल सिराहा प्रहरी प्रबक्ता बिनोद घिमिरे जानकारी देहनी ।
जिल्ला प्रहरी कार्यालय, सिराहा से खटल सादा डरेस के पुलीस टोली उनका के पकड के आउर अनुसन्धान कर रहल पुलीस के कहनाम बा ।






