निजगढ से २ नाल भरुवा बन्दुक सहित बाप बेटा पकडईले

प्रभु यादव

बारा ०६ भादो

बारा के निजगढ से २ नाल भरुवा बन्दुक सहित बाप बेटा पकडाईल बाडन । शुक के रात मे निजगढ नगरपालीका वार्ड नम्वर १ के जंगल मे पुलीस पकडले बा ।

पकडाइल निजगढ नगरपालिका वार्ड नम्बर– १ पिपलटार के ५७ बरीस के बाप प्रेमबहादुर स्याङ्गतान आ उनकर बेटा ३३ बरीस के जनक स्याङ्गतान रहल पुलीस जानकारी करवले बा ।

इलाका प्रहरी कार्यालय निजगढ के प्रहरी निरीक्षक विकास थपलिया आ अस्थायी प्रहरी पोष्ट सिगौल के प्रहरी सहायक निरीक्षक गजेन्द्र चौधरी नेतृत्व के टोली बारुद लोड कईल भरुवा बन्दुक २ थान आ ओमे लागेवाला खजनासमेत बोकके जंगल जारहल अवस्था मे बाप आ बेटा के करिब राति के ११ बजे बारा आ रौतहट के सिमान रहल धन्सार नदि के धार मे से पकड के नियन्त्रण मे लेहले बाटे ।

निरीक्षक थपलिया साथ मे से भरुवा बन्दुक आ ओमे लागेवाला छर्रा ३५ थान, लोहा के ७ थान छोटका टुक्रा आ शिशा के बोतल मे राखल अन्दाजी २ सय ५० मिलिलिटर बारुद समेत बरामद कईल गईल जनकारी करावले बानी । पकडाईल बापे बेटा जगली जनावर मारे के खातिर निकलल प्रहरी जनकारी करावले बा ।

पकडाईल लोग के जिल्ला अदालत बारा मे एतवार के दिन पेस कर के थप अनुसन्धान करे के प्रहरी बतावले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।