पर्सा मे कोरोना संक्रमित के संख्या २ हजार से बेसी

वीरगंज ११ भादो
कोरोना भाइरस संक्रमण के हट स्पट बनल पर्सा जिल्ला मे संक्रमित के संख्या २ हजार से बेसी पुगल बा । बुध के रात आउर २४ जने मे संक्रमण पुष्टि भईला सँगे पर्सा मे संक्रमित के संख्या २ हजार २२ पुगल जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा जनवले बा ।
वीरगंज स्थित नारायणी अस्पताल के प्रयोगशाला मे बुध के रात ५ सय १० जने के स्वाब नमुना परीक्षण कईला पर पर्सा के २४ जने मे संक्रमण पुष्टि भईल अस्पताल के प्रवक्ता डाक्टर अतुलेश चौरसिया जानकारी देहनी ।
उनका मुताविक, जिल्ला स्वास्थ्य कार्यालय पर्सा के स्वास्थ्य निरिक्षक, उनकर मेहरारु आ बेटा मे भी संक्रमण मिलल बा । एहितरे पर्सा के सखुवाप्रसौनी गाँवपालिका मे ७ जने आ कालिकामाई गाँवपालिका ५ विरन्चीवार्वा के ५ जने मे भी बुध के रात कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल चौरसिया जानकारी देहनी ।
वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नम्बर ११ के २ जने तथा वार्ड नम्बर ८, १०, १३, १४ आ २६ के १÷१ जने मे भी संक्रमण मिलल उ बतवनी । २ जने सशस्त्र पुलीस मे भी संक्रमण पुष्टि भईल जानकारी उ देहनी ।
सावन एने मात्र १८ सय ६१ मे संक्रमण पुष्टि
पर्सा मे सावन एने मात्र १ हजार ८ सय ६१ जने संक्रमित थपाईल बाडन ।
जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा के मुताविक, असाढ मसान्त तक पर्सा मे १६१ जने मे मात्र संक्रमण मिलल रहे । उ मेसे १५९ जने ठिक होके घर फिर्ता भईला के बाद असाढ अन्तिम मे वीरगंज स्थित कोभिड अस्पताल के आइशोलेसन मे २ जने मात्र संक्रमित ईलाज करावत रहलन । माकिर सावन महिना शुरु भईला के बाद परिक्षण के दायरा बढावला के चलते ओकरा एने हरेक दिन बहुते संख्या मे संक्रमित थपात गईल बाडन ।
समुदायस्तर मे पुग के स्वाब संकलन कईला के साथे संक्रमित के कन्टयाक्ट ट्रेसिङ आ सशुल्क परीक्षण भी सुरु कईला से संक्रमित के संख्या बढत गईल बा । जिल्ला प्रशासन कार्यालय के प्रशासकीय अधिकृत विनय श्रीवास्तव के मुताविक, पर्सा मे १ सय ३२ जने स्वास्थ्यकर्मी, ८७ जने सुरक्षाकर्मी, १३ जने पत्रकार, ९८ जने कैदी थुनुवा, ४९ जने अस्पताल सफाइकर्मी आ ३ जने एम्बुलेन्स चालक भी संक्रमित भईल बाडन ।
४ सय ४४ जने जितलें कोरोना
प्रशासकीय अधिकृत श्रीवास्तव के मुताविक पर्सा मे बुध के सँझिया तक ४ सय ४४ संक्रमित ठिक होके अस्पताल से डिस्चार्ज होके घर गईल बाडन । बुध के दिने मात्र ६६ जने डिस्चार्ज भईल रहलन ।
उनका मुताविक, पर्सा के दु गो कोभिड अस्पताल मे करके अभी ४१ जनानी आ १ सय ९ पुरुष करके १५० संक्रमित ईलाज करा रहल बाडन । एहितरे आपन घर के होम आइसोलेसन मे ६ सय ५३ जने रहल श्रीवास्तव जानकारी देहनी । आउर संक्रमितलोग वीरगंज के अनेकन नीजी अस्पताल, धर्मशाला आ विद्यालय मे बनावल सेमी आइसोलेसन मे बाडन ।
पर्सा मे बुध के सँझिया तक पीसीआर परीक्षण के खातिर १८ सय ४ सय ९१ जने के स्वाब संकलन भईला मे १ सय ७५ जने के रिपोर्ट आवेके बाँकी रहल श्रीवास्तव जानकारी देहनी ।
वीरगंज मे ४५ जने के मृत्यु
पर्सा के वीरगंजस्थित अस्पताल मे कोरोना भाइरस संक्रमण के चलते बियफे तक ४५ जने के मृत्यु भईल बा । वीरगंज मे पिछिलका १४ घण्टा के समय मे मात्र आउर ३ जने के मृत्यु भईल बा । वीरगंज मे सावन एने मात्र ४१ जने के मृत्यु भईल बा ।
वीरगंज मे कोरोना के चलते मृत्यु भईल ४५ मेसे १ लावारिस युवकसहित पर्सा के ३३ जने, बारा के १० जने आ रौतहट के २ जने रहल बाडन । वीरगंज मे समुदायस्तर मे संक्रमण फईलल हरेक दिन संक्रमित के संख्या बढत गईला के बाद बैशाख १० गते से हि निषेधाज्ञा लगावल गईल बा ।
निषेधाज्ञा के कडाइ के साथ लागू करावे खातिर स्थानीय प्रशासन वीरगंज मे नेपाली सेना भी परिचालन कईले बा ।





