सिरहा के कोरोना संक्रमित पुरुष के धनुषा मे मृत्यु

जनकपुरधाम २२ भादो
धनुषा मे ईलाज करावे आईल सिरहा के एकजने कोरोना संक्रमित पुरुष के मृत्यु भईल बा ।
सिरहा के मिर्चैया नगरपालिका वार्ड नम्बर ५ निवासी ६२ बरीस के पुरुष के एतवार के रात ८ बजे के समय मे मृत्यु भईल सामाजिक विकास मन्त्रालय के वरिष्ठ जनस्वास्थ्य प्रशासक विजय झा जानकारी देहनी ।
बोखार आ श्वासप्रश्वास मे समस्या भईला के बाद एतवार के दिन के उ पुरुष के ईलाज के खातिर प्रादेशिक अस्पताल जनकपुरधाम लियावल रहे ।
तत्काल आकस्मिक कक्ष मे राख के स्वाब संकलन करके ईलाज सुरु कईल पुरुष के एतवार के रात मृत्यु भईल बा ।
पुरुष के मृत्यु होखे से पहिले सँझिया ५ बजे के समय मे कोरोना रिपोर्ट पोजेटिभ आईल झा बतवनी । उ पुरुष मधुमेह आ निमोनिया से पिडित रहनी ।






